साल में छव महीना खातिर, बरखा समाप्त भइला पर, महाराष्ट्र के मराठवाड़ा इलाका में ऊंख काटे वाला लोग काम खोजे घर से निकलेला. अडगांव से आवे वाला अशोक राठौड़, जे फिलहाल औरंगाबाद रहेलन, कहेलन, “हमार बाऊजी के ई काम मजबूरी में करे के पड़ल, हमरो करे के पड़त बा आउर हमार लइका के भी करे के पड़ी.” ऊ बंजारा समुदाय (राज्य में अन्य पिछड़ा वर्ग) से बाड़न. एह इलाका के ऊंख काटे वाला लोग में से जादे करके मजूर लोग अइसने वंचित तबका से आवेला.

गांव में काम-धंधा के कमी चलते लोग एह तरह के मौसमी पलायन करे के मजबूरबा. पलायन करे वाला परिवार में छोट लरिका लोग के स्कूल छूट जाए से पढ़ाई-लिखाई पर खराब असर पड़ेला.

महाराष्ट्र में चीनी आ राजनीति में गहिर संबंध बा. मोटा-मोटी हर चीनी मिल के मालिक लोग सीधा तौर पर राजनीति में शामिल बा. काम खातिर अपना ऊपर निर्भर रहे वाला मजूर लोग के ऊ लोग भोट बैंक तरहा इस्तेमाल करेला.

अशोक कहेलन, “ऊ लोग मिल के मालिक बा, सरकार चलावेला, सभ कुछ ओहि लोग के हाथ में बा.”

बाकिर मजूर लोग जवन हालत में काम करेला, ओकरा में कवनो सुधार नइखे. “ऊ लोग दवाखाना बना सकेला. आधा साल त लोग काम ना होखे चलते हाथ पर हाथ धइले बइठल रहेला. ऊ लोग 500 लोग के काम पर लगा सकेला. बाकिर ना. ऊ लोग लगावहीं के ना चाहे.”

वीडियो ऊंख काटे खातिर पलायन करे वाला किसान आउर खेतिहर मजूर के कहानी कहेला, ओह लोग के सोझे आवे वाला चुनौती के बारे में बतावेला.

फिलिम एडिनबर्ग बिस्वबिद्यालय संगे ग्लोबल चैलेंज रिसर्च फंड से मिले वाला अनुदान के सहयोग से बनावल गइल बा.

देखीं: सूखा से बेहाल धरती


अनुवाद : स्वर्ण कांता

Omkar Khandagale

اومکار کھنڈاگلے، پونے میں مقیم ایک دستاویزی فلم ساز اور سنیماٹوگرافر ہیں، جو خاندان، وراثت، اور یادیں جیسے موضوعات پر کام کرتے ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Omkar Khandagale
Aditya Thakkar

آدتیہ ٹھکر ایک دستاویزی فلم ساز، ساؤنڈ ڈیزائنر اور موسیقار ہیں۔ وہ ’فائرگلو‘ میڈیا چلاتے ہیں، جو اشتہار کے شعبہ میں کام کرنے والا ایک پروڈکشن ہاؤس ہے۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Aditya Thakkar
Text Editor : Sarbajaya Bhattacharya

سربجیہ بھٹاچاریہ، پاری کی سینئر اسسٹنٹ ایڈیٹر ہیں۔ وہ ایک تجربہ کار بنگالی مترجم ہیں۔ وہ کولکاتا میں رہتی ہیں اور شہر کی تاریخ اور سیاحتی ادب میں دلچسپی رکھتی ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Sarbajaya Bhattacharya
Translator : Swarn Kanta

سورن کانتا ایک صحافی، ایڈیٹر، ٹیک بلاگر، کنٹینٹ رائٹر، ماہر لسانیات اور کارکن ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Swarn Kanta