ओडिसा के राज्यपाल औरी उनकर मेहरारू लक्ष्मी ‘इंदिरा’ पांडा के भुवनेश्वर के गणतंत्र दिवस समारोह में आवे खातिर औरी ओकरा बाद राजभवन में चाय पिए खातिर नेवता भेजले रहस. बाकिर लक्ष्मी ऊ नेवता के जवाब ना दहली. ई नेवता में एगो खास ‘पार्किंग’ पासो रहे. लक्ष्मी उनके गणतंत्र दिवस समारोह में सामिल ना भयिली.
लक्ष्मी पांडा के लगे कार नईखे. उ कोरापुट जिला के जयपोर क़स्बा के एगो चाल के छोट कोठरी में रहेली. ई झुग्गी-झोपड़ी वाला जघ़े रहे जौणा में समय के साथे तनियक सुधार भईल बा. लक्ष्मी पछिला बीस साल से एहीजा आपन दिन काटतारी. पर साल ऊ स्वतंत्रता दिवस समारोह में सामिल भईल रहली. काहे से कि ओह बेरा उनकर हीत लोग उनके रेलवे के टिकट करा देले रहे. ए साल उनका लगे एतना पईसा नईखे कि उंहा जा सकें. उ आपन नेवता औरी के देखा के हंसली. कार से उनकर वास्ता त एक्के बेर परल रहे “हमार मरद चालीस साल पहिले ड्राइवर रहलन.” इंडियन नेशनल आर्मी (आईएनए) के इ सिपाही के लगे अब्बो उनकर फोटो बा, जौना में ऊ अपना हाथ में राईफल पकडले बाड़ी.





