साल 2023 कइसे गुजर गइल, पते ना चलल.
भारत में जनवरी से सितंबर ले मोटा-मोटी रोज खराब मौसम से जिनगी अस्त-व्यस्त रहल. सितंबर में महिला आरक्षण बिल पास भइल. अइसे त लोकसभा आउर विधानसभा में मेहरारू लोग के संख्या बढ़ावे खातिर लावल गइल ई बिल सिरिफ 2029 में लागू होई! राष्ट्रीय अपराध रिकॉर्ड ब्यूरो के आंकड़ा के मानल जाव, त साल 2022 में महिला लोग के खिलाफ 445,256 अपराध दर्ज भइल. अगस्त में सुप्रीम कोर्ट लैंगिक रूढ़िवादिता से निपटे खातिर एगो हैंडबुक जारी कइलक. उहे महीना में सुप्रीम कोर्ट में 5 जज के बेंच समलैंगिक बियाह के कानूनी मान्यता देवे के खिलाफ फैसला सुनइलक. नौ गो राज्य में विधानसभा चुनाव भइल आउर एह दौरान जातिगत आउर सांप्रदायिक तनाव के खबर अखबार के सुर्खी बनल. मार्च 2022 से जुलाई 2023 के बीच भारत में अरबपति लोग के गिनती 166 से बढ़के 174 हो गइल. जनवरी से सितंबर के दौरान 15-29 आयु वर्ग के बीच बेरोजगारी 17.3 प्रतिशत पाइल गइल.








