अशोक तांगड़े मोबाइल स्क्रॉल कर रहल बाड़न. तबहिए उनकर स्क्रीन पर एगो व्हाट्सऐप नोटिफिकेशन लउकल. ऊ बियाह के एगो डिजिटल कार्ड रहे. एकरा पर कांच उमिर के दुल्हा-दुल्हिन एक दोसरा के अजबे तरीका से देखत रहे. कार्ड पर बियाह के बखत, तारीख आउर स्थान लिखल रहे.
बाकिर तांगड़े के मिलल ई कार्ड बियाह के नेवता ना रहे.
कार्ड तांगड़े के कवनो खबरी भेजले रहे. संगे लइकी के जन्म प्रमाणपत्र भी रहे. लइकी नाबालिग रहस, उनकर उमिर 17 बरिस रहे.
कार्ड से 58 बरिस के तांगड़े के पता चलल कि बियाह एके घंटा के भीतर होखे वाला बा. ऊ हाली-हाली आपन सहकर्मी आउर संगी तत्वशील कांबले के फोन कइलन. तनिए देर में दुनो लोग कार में बइठल आउर आपन गंतव्य खातिर निकल गइल.
तांगड़े बतावत बाड़न, “हमनी बीड शहर में जहंवा रहिले, उहंवा से ऊ जगह आधा घंटा के दूरी पर रहे.” ऊ जून 2023 के ओह घटना के इयाद करे लगले. “हमनी बिना तनिको समय गंववले रस्ते से स्थानीय पुलिस स्टेशन आउर ग्राम सेवक के फोटो व्हाट्सऐप कर देनी.”
तांगड़े आ कांबले बाल अधिकार कार्यकर्ता बाड़न. दुनो प्राणी महाराष्ट्र के बीड जिला में व्हिस्ल ब्लोअर (बाल-बियाह जइसन सामाजिक बुराई के खिलाफ बिगुल बजावे वाला) के भूमिका निभावत बाड़न. ओह लोग के एह मकसद के पूर्ति करे खातिर खबरी लोग के एगो बड़ टोली सक्रिय बा. एह में लइकी से प्रेम करे वाला गांव के छोकरा से लेके स्कूल के मास्टर आउर इंहवा ले कि कवनो सामाजिक कार्यकर्ता, चाहे कवनो अइसन आदमी जे बाल विवाह के अपराध मानेला, शामिल हो सकत बा. हाल के बरिसन में दुनो कार्यकर्ता लोग जिला भर में 2,000 से जादे खबरी के नेटवर्क तइयार कर लेले बा. ऊ लोग बाल-बियाह पर नजर रखे आउर एकर पर्दाफाश करे में मदद करेला.












