आशा कार्यकर्ता: लड़ेली बहिनिया, लड़ेली महतरिया
महाराष्ट्र के 36 जिला में हजारों महिला स्वास्थ्य कार्यकर्ता - आशा लोग बेहतर वेतन, समय पर वेतन आ एकरा खातिर अधिकारिक आदेश जइसन मांग लेके समय समय पर आवाज बुलंद करत आइल बा. शहर के आजाद मैदान में ए लोगन के हालिया विरोध 21 दिन ले चलल हा आ राज्य सरकार के फेरु आश्वासन दिहला पर खतम भईल ह कि स्वास्थ्य कार्यकर्ता ए महिला लोगन के मांग पर विचार कईल जाई. पिछला छव महिना में ई तीसरा अधिकारिक आश्वासन हवे लेकिन कुल आश्वासन कागजे पर रहि जाता. अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस के मौका पर मेहरारू लोग के गोलबंदी, एकजुटता, आउर आपन हक खातिर लड़ाई पर एगो रिपोर्ट












