रोपी प्राइवेट प्रसूति क्लिनिक के डॉक्टर से पूरा बिस्वास से कहली कि एह मेहरारू के पेट में जुड़वा लरिका बा- बाकि उनका लगे एह बात के साबित करे खातिर कवनो अल्ट्रासाउंड रिपोर्ट नइखे.
रोपी मन्नू बेटे बहुत खुसी खुसी कोई दु साल पहिले के घटना के इयाद करत बाड़ी. ऊ स्टेथोस्कोप लगइले डाक्टर के नकल करत कहली, "कान में ई लगइली." डॉक्टर कमजोर देह के गरभ वाली मेहरारू के जांच कइली आउर दाई के जुड़वां लरिका के बात काट देहली.
क्लिनिक के डिलीवरी रूम में एगो स्टूल पर बइठ के ऊ आपन बात दोहरइली, "मैडम, दू गो बा, दू गो (मैडम पेट में दो बच्चे हैं)." ऊ मेहरारू दरद से छटपटात रहस. एह घरिया इहे कोई 70 साल के रोपी आउर गरभ वाली मेहरारू, दूनो लोग आपन गांव जैतादेही से 20 किलोमीटर दूर परतवाड़ा कस्बा में रहली. ई गांव पूर्वोत्तर महाराष्ट्र के मेलघाट जंगल के किनारे बसल बा.
सांझ ले एगो लइकी भइली. कुछे सेकेंड बाद एगो आउरी लरिका के माथा बाहिर आइल. अबकियो बेर लइकी रहस, मतलब जुड़वा बहिन.
रोपी जोर से हंसे लगली. अपना माटी के घर के बरांडा के एक छोर पर खाट पर बइठल बाड़ी. बरांडा गोबर से लिपल बा. भीतरी लकड़ी के छत वाला तीन गो कमरा बा, जे खाली पड़ल बा. उनकर लइका लोग परिवार के दु एकड़ खेत पर काम करे गइल बाड़ें.
ऊ कोरकू भाषा में कवनो गाली देहली. एकर मतलब गदहा के लिंग से बा. फेरु तनी अउरी हंसली. उनकर चेहरा पर रेखा गहिरा होखत जात रहे. उनकरा संगे शहरी डाक्टर के देहल गाली इयाद करके ऊ संतोष से कहली, “हम उनकरा इहे गाली देले रहनी.”











