साल 2023 में पारी के खास सफर

पारी आम आदमी के जिनगी के बारे में रिपोर्टिंग के नौ बरस पूरा कइलक. आईं हमनी के एह बरिस के सफर पर एक नजर डालल जाव

23 दिसंबर, 2023 | प्रीती डेविड

विचार, गीत आउर अभिव्यक्ति के नाम रहल साल 2023

साल 2023 में गांव-देहात के लोग के जिनगी के दस्तावेजीकरण करे वाला पारी अपना इहां जादे कविता आउर जादे लोकगीत के जगह देलक. ई हमनी के दुनिया संवारे, संभारे, आउर जब आस-पास बहुते कुछ बिखरत रहे तब हमनी के दुख के आवाज देवे वाला कविता आउर गीते रहे

24 दिसंबर, 2023 | प्रतिष्ठा पंड्या , जोशुआ बोधिनेत्र आउर अर्चना शुक्ला

पारी लाइब्रेरी: जरूरी जानकारी आ संसाधन के ठिकाना

पारी लाइब्रेरी में पछिला 12 महीना में सैंकड़न रिपोर्ट, सर्वे आउर हजारन अक्षर जुड़ल. एह सभ के एके गो लक्ष्य रहे, न्याय आउर अधिकार हेतु भरपूर समर्थन

25 दिसंबर, 2023 | पारी लाइब्रेरी

साल 2023: पारी संपादक के मनपसंद फिलिम

पुस्तैनी लाइब्रेरी से लेके नवीकरणीय बिजली ले, डोकरा कला से अल्फांसो आम के किसानी ले. साल 2023 में एह तरह के कइएक फिलिम पारी के शोभा बढ़इलक. आईं पधारीं आउर एह के आनंद लीहीं

26 दिसंबर, 2023 | श्रेया कात्यायिनी , सिंचिता मांजी आउर ऊर्जा

2023: पारीभाषा - जनता के भाषा में, जनता के संग्रह

पारी में हर लेख 14 ठो भाषा में छपेला, आउर अक्सरहा संगे-संगे छपेला. वेबसाइट, पत्रकारिता के एगो अनूठा आउर बहुभाषीय मंच के मिसाल बा. बाकिर ई त बड़ कहानी के छोट हिस्सा हवे… आईं, पारीभाषा के आउर दोसर कारीगरी देखल जाव

27 दिसंबर, 2023 | पारीभाषा टीम

साल 2023: पारी के कहानी, फोटो के जबानी

पारी में छपे वाला एक-एक फोटो बेहिसाब कहानी कहेला. पछिला एक बरिस हमनी अइसन हजारन फोटो छपनी. साल 2023 के विदा करे घरिया आईं, तनी भारत के गांव-देहात के लोग के मन छू लेवे वाला अइसने कुछ फोटो पर नजर डालल जाव

28 दिसंबर, 2023 | बिनाइफर भरूचा

साल 2023: पारी के कहानी, नयका पीढ़ी के जबानी

पारी के कहानी के बिसाल संग्रह देस के कोना-कोना में मौजूद कक्षा सभ में ‘स्कूल के चलत-फिरत किताब’ जेका इस्तेमाल होखेला. पढ़े-लिखे वाला लरिकन लोग भई एह संग्रह में आपन योगदान करे के चाहेला. एहि से ऊ लोग हमनी संगे इंटर्नशिप करेला. इंटरव्यू, फोटो, दस्तावेजीकरण आउर गांव-देहात के सवाल उठाके ऊ लोग हमनी के संग्रह के आउर मजबूत कर रहल बा

29 दिसंबर, 2023 | पारी एजुकेशन टीम

साल 2023 में पारी के सोशल मीडिया यात्रा

हमनी के सोशल मीडिया पोस्ट दूर-दूर रहे वाला अलग-अलग तरह के लोग तक हमनी के कहानी पहुंचइलक आउर लोग के बीच चरचा के बिषय बनल

30 दिसंबर, 2023 | पारी टीम

2023: देस के बिबिधता के चेहरा बनल पारी

आदिवासी समाज, पस्चिम बंगाल के बीरभूम के किसान आउर केरल में अलाप्पुझा के कोइर मजूर. एह बरिस अइसने बहुते चेहरा पारी के हिस्सा बनल

31 दिसंबर, 2023 | पारी टीम

अनुवादक : स्वर्ण कांता

Translator : Swarn Kanta

Swarn Kanta is a journalist, editor, tech blogger, content writer, translator, linguist and activist.

Other stories by Swarn Kanta