हाई फैशन, फास्ट फैशन आउर सेक्स.
प्रीमियम यात्रा, किफायती यात्रा, चाहे दिन-रात यात्रा!
मीम्स, ट्रेंडिंग डांस पोज, हंसावेवाला आउर कबो-कबो डरावे वाला फिल्टर सभ.

अइसने तरह के चीज सभ सोशल मीडिया पर लोग के अपना ओरी खींचेला, हंगामा के बिषय बनेला. बाकिर पारी एह तरह के शोर-शराबा वाला चीज के पाछू ना रहे. एकरा बावजूद हमनी साल 2023 में सोशल मीडिया जइसन उलझल दुनिया में निश्चित संख्या में दर्शक लोग तक पहुंचे आउर अपना इहंवा बांध के रखे में कामयाब रहनी. बाकिर कइसे? एगो बहुते सरल, आ कम उपयोग आवे वाला तरीका से: असली आउर ताकतवर कहानी से.

साल 2023 के बिदा करे घरिया हमनी बतावे के चाहत बानी कि केतना अलग-अलग तरह के दर्शक लोग हमनी के काम पसंद कइलक (ई छोट क्लिप देखीं).

बांसवाड़ा के ‘कुरसी वाला मेहरारू’ पर हमनी के सोशल मीडिया पोस्ट के लाखन लोग पसंद कइलक. नीलांजना नंदी के ई कहानी राजस्थान में मेहरारू लोग के मरद, चाहे रुतबा वाला आदमी सामने कुरसी, चाहे ऊंच स्थान पर ना बइठे के परंपरा के उजागर करेला. इंस्टाग्राम पर एह रील के करीब-करीब सात लाख बेरा देखल गइल. वइसन हजारन मेहरारू लोग एह पोस्ट पर आके कमेंट कइलक, जे ई प्रथा अपना इहंवा सह रहल बा. कुछ लोग मानलक कि अइसन छोट बात के लोग नजरअंदाज कर देवेला. त उहंई कुछ लोग के कहनाम रहे कि अइसन कवनो प्रथा आजो मौजूद बा, एकर कल्पना ना कइल जा सके. एगो इंस्टाग्राम यूजर, मल्लिका कुमार के कमेंट रहे, ‘अइसन भेदभाव देखे-समझे खातिर गहिर नजर चाहीं.’ उनकर ई कमेंट रोज के जिनगी के साधारण अऩुभव के रिपोर्टिंग करे वाला लोग खातिर बहुते बड़ तारीफ आउर सम्मान के बात बा.

सराहना हमनी के आगू आउर दूर ले जाए में मदद करेला. दर्शक लोग से हमनी के कइएक तरीका से तारीफ मिलेला. जइसे कि कबो ऊ लोग बतावेला कि हमनी के स्टोरी से ऊ लोग केतना कुछ सीखेला. एकरा अलावे हमनी के पसंद करे वाला दर्शक लोग से पारी के दान मिलेला. एह सभ से हमनी के स्वतंत्र आउर खोजी पत्रकारिता के मंच बनल रह सके में मदद मिलेला.

अपर्णा कार्तिकेयन के मदुरै के रंगीन आउर हरमेसा ब्यस्त रहे वाला मोगरा फूल के बजार के बारे में एगो वीडियो में, दुनिया भर के दर्शक लोग कहत बा कि ई कहानी ओह लोग खातिर केतना पुरान इयाद तरोताजा कर देलक. नम्रता किलपाडी के कहनाम बा, “कहानी कतेक सुंदर तरीका से लिखल गइल बा.” वीडियो में ऊ कहली कि पूरा दृश्य चमेली के खुसबू संगे उनकर आंख के सामने जीवंत हो गइल. आउर एह सब एहि से संभव हो पाइल काहेकि हमनी उहे लोग के रोज के जिनगी के अनुभव बांटत बानी, जे लोग हमनी के रिपोर्ट के हिस्सा बा.

इंस्टाग्राम पर पुणा के कूड़ा बीने वाली सुमन मोरे के 30 सेकेंड के क्लिप वाला हमनी के वीडियो सबले लोकप्रिय भइल. एह में ऊ शब्दन के ताकत के बारे में बात करत बाड़ी. ऊ पूछत बाड़ी कि उनकरा जइसन मेहरारू लोग के काहे “कचरावाली” (कूड़ा उठावे वाली) कहल जाला. जबकि ऊ त लोग के कचरा साफ करेली. एह क्लिप के 12 लाख से जादे बार देखल गइल. सामाजिक अज्ञानता आउर लापरवाही के सामने लावे खातिर एह वीडियो के बहुते प्रशंसा भइल. एगो दर्शक त इहंवा ले कहले, “मानत बानी कि हमनियो इहे (कचरावाली) कहिला. अब हम कबो अइसन ना कहम.” एह से पता चलेला कि कइसे वंचित समुदाय आउर ओह लोग के अनुभव पर आधारित पत्रकारिता एगो सभ्य आउर जादे विचारशील समाज गढ़ सकेला.

पारी शिक्षा कार्यक्रम में स्कूल-कॉलेज में पारी रिपोर्ट पर चरचा कइल जाला आउर छात्र लोग के बीच गांव-देहात के बारे में एगो नजरिया बनावे के कोसिस कइल जाला. इहे शिक्षा कार्यक्रम के बारे में एगो ट्विटर यूजर विष्णु (@Vishnusayswhat) लिखत बाड़न, “जब रउआ समझ में आवे लागेला कि काहे एगो आदमी लगे दोसरका से कम पइसा आउर साधन बा आउर ऊ चाहे कतनो मिहनत कर लेवे ओकरा पास कमे रही, त रउआ भारत के तनी बेहतर समझ पाइला.”

बॉलीवुड आइकन जीनत अमान आपन इंस्टाग्राम प्रोफाइल पर पारी के काम के जिकिर कइली. एकर प्रशंसा करत ऊ कहली, “गांव-देहात के भारत के कहानी त मुख्यधारा से गायबे हो गइल बा. हमरा पता बा कि आजकल के पत्रकारिता में सेलिब्रिटी लोग के खबर गांव-देहात में केतना फइल रहल बा.” बाकिर ईमानदारी से कहल जाव, त जदि सही तरीका से कइल जाव, त सेलिब्रिटी के ताकत के सही उपयोग से इंकार ना कइल जा सके. पारी के बारे में उनकर एगो पोस्ट से अगिला चौबीस घंटा में हमनी के फॉलोवर के गिनती कइएक हजार गुना बढ़ गइल. एह बरिस एगो आउर सुंदर इत्तेफाक भइल. हॉलीवुड अभिनेता आउर कलाकार जॉन सीना ट्विटर पर हमनी के फॉलोवर बन गइलन!

बाकिर सबले जादे राहत देवे वाला बात तब होखेला जब सोशल मीडिया पर दर्शक, चाहे पाठक लोग वइसन लोग पर ध्यान देवेला जिनकरा बारे में हमनी रिपोर्ट करिले. हमनी के आश्चर्य होखेला कि लोग मदद खातिर हरमेसा तइयार रहेला. बुजुर्ग किसान दंपत्ति सुबैया आ देवम्मा लोग आपन इलाज के खरचा कइसे निकालत बा, जब हमनी एकरा बारे में रिपोर्ट कइनी, त केतना पाठक लोग मदद खातिर आगू आइल. ऊ लोग हमनी से संपर्क कइलक. दंपत्ति के मेडिकल बिल आउर लइकी के बियाह के खरचा के बड़ भाग एहि से आइल रहे. परिवार के कमजोर आर्थिक स्थिति आउर सरकारी सहयोग के कमी चलते उभरत एथलीट बर्षा कदम के भविष्य अंधकारमय हो गइल. पाठक लोग पइसा से, दउड़े वाला जूता से आउर इहंवा ले कि उनकर ट्रेनिंग खातिर भी मदद कइलक.

इंटरनेट के दुनिया के बहुते असंवेदनशील आउर कठोर मानल जाला. एकरा बावजूद हमनी के पाठक लोग इयाद दिलावेला कि एह दुनिया में दयालु आउर सह्रदय लोग के कमी नइखे.

जदि रउआ हमनी के सोशल मीडिया पर फॉलो नइखी करत त इहंवा देहल हैंडल के माध्यम से हमनी के फॉलो करीं. हमनी के अकाउंट हिंदी, तमिल आउर ऊर्दू में भी बा.
इंस्टाग्राम
ट्विटर
फेसबुक
लिंकदेन

पारी के सोशल मीडिया टीम संगे स्वंयसेवक के रूप में काम करे खातिर [email protected] पर लिखीं.

रउआ लोग के जदि हमनी के काम पसंद आवत बा आ रउआ लोगनी पारी में आपन योगदान करे के चाहत बानी , [email protected] पर जाके लिखे के निहोरा बा. हमनी इहंवा स्वतंत्र लेखक , रिपोर्टर , फोटोग्राफर , फिलिमकार , अनुवादक , संपादक , चित्रकार आउर शोधकर्ता के स्वागत बा.

पारी मुनाफा कमावे खातिर काम ना करे. एक से जादे भाषा के ऑनलाइन संग्रह आउर पत्रकारिता वाला हमनी के वेबसाइट आम लोग से मिले वाला दान आ वित्तीय सहायता पर निर्भर बा. जदि रउआ पारी के काम में योगदान करे के चाहत बानी त डोनेट (दान) बटन जरूर दबाईं.

अनुवादक: स्वर्ण कांता

Translator : Swarn Kanta

Swarn Kanta is a journalist, editor, tech blogger, content writer, translator, linguist and activist.

Other stories by Swarn Kanta