पारी फिल्म्ज डिवीजन खातिर ई बरिस बहुते शुभ रहल. अबकि हमनी भारत के गांव-देहात से जुड़ल कइएक वीडियो, डॉक्यूमेंट्री, छोट-छोट क्लिप आउर फीचर फिलिम तइयार कइनी.

ऑनलाइन पत्रिका के रूप में अइसन फिलिम सभ के बढ़ावा देवल गइल, जे हमनी के आस-पास के जिनगी आउर घटना पर तीखा नजर रखे. अब बिहार के मदरसा अजीजिया पर हमनी के फिलिम के ही बात कइल जाव, त एह में बिहारशरीफ शहर के 113 बरिस पुरान पुस्तैनी लाइब्रेरी संगे भइल सांप्रदायिक हिंसा के बात बा, आउर एकरा जलइला के कारण खोजे के कोसिस बा. एहि तरहा, नवीकरणीय ऊर्जा पर हमनी एगो आउर फिलिम बनइनी. एह में देखावल गइल कि कइसे जैसलमेर जिला के पवित्र ओरण के ‘बंजर जमीन’ बता के, एकरा सौर आउर पवन ऊर्जा संयंत्र के सौंप देहल गइल.

साल 2023 के सुरुआत ब्रह्मपुत्र के द्वीप में से एगो, आदिवासी चरवाहा लोग के मीठ-मीठ गीत संगे भइल. ओकरा बाद सालो भर हमनी देस के अलग-अलग हिस्सा- पस्चिम बंगाल, छत्तीसगढ़, कर्नाटक, राजस्थान आउर दोसरा जगह के गीत आउर नाच के वीडियो रउआ सभनी खातिर लेके आवत रहनी.

आउर अब एह साल के बिदा के मौका पर हमनी पारी के जांता गीत प्रोजेक्ट (ग्राइंड मिल प्रोजेक्ट) पर बनल एगो फिलिम लेके आइल बानी. एह में जांता गीत के दसकन से जारी परंपरा के अनूठा यात्रा दरज कइल गइल बा.

अबकी बरिस हमनी एगो आउर बहुते सुंदर आउर जरूरी फिलिम, मोल बनइनी. ई पुणे के कचरा बीने वाला मेहरारू लोग के परेसानी के बारे में बतइलक. कचरा बीने वाला मेहरारू लोग पूछेला, “कचरा रउआ लोगनी पइदा करिले, त हमनी कचरावाली कइसे भइनी, बताईं भला?” एकरा अलावे पारी एगो आउर जरूरी फिलिम बनइलक. ई फिलिम अल्फांसो आम पर जलवायु बदलाव के असर के बारे में रहे, कि कइसे आम किसान लोग खराब मौसम से जूझ रहल बा.

साल 2023 में हमनी सालो भर पारी के आर्काइव में अलग-अलग समुदाय पर बनल फिलिम के भी जोड़नी. जइसे मडिगा समुदाय. मेडापुरम में रहे वाला एह समुदाय के उगादी उत्सव पर बनल फिलिम एकर नया दलित परंपरा में जान फूंक देलक. एहि तरहा, मालाबार इलाका में कइएक जाति-समुदाय के कला तोलपावकूतु के संघर्ष पर एगो लमहर फिलिम बनावल गइल. एह फिलिम के माध्यम से बहुसांस्कृतिक कहानी जाने के मौका भेंटाइल. पड़ोसी राज्य कर्नाटक के एगो नादस्वरम वादक के जिनगी पर भी पारी फिलिम बनइलक. एह में तुलुनाडु में होखे वाला भूत पूजा के बहुते सुंदर तरीका से देखावल गइल बा. एहि कड़ी में एगो आउर फिलिम के बारे में जानीं. पस्चिम बंगाल के एह फिलिम में धातु के आकृति बनावे के करीब-करीब खत्म हो रहल मोम-कास्टिंग कला, डोकरा के देखावल गइल.

रउआ लोगनी से एह सभ फिलिम देखे के निहोरा बा!

मदरसा अजीजिया के इयाद में

बिहारशरीफ में 113 बरिस पुरान एगो मदरसा जरा देवल गइल. एह में मौजूद 4,000 किताब सभ में दंगाई लोग आग लगा देलक.

12 मई 2023 | श्रेया कात्यायिनी

ओरण बचावे के लड़ाई

सौर आ पवन ऊर्जा संगठन लगातार राजस्थान के ओरण (घास के मैदान) के अतिक्रमण कर रहल बा. एह ओरण सभ के गलत तरीका से सरकारी रिकॉर्ड में ‘बंजर जमीन’ बतावल गइल बा. संगठन के बढ़त दखलअंदाजी चलते इहंवा के पारिस्थितिकी आउर रोजी-रोटी के साधन के स्थिति डांवाडोल हो रहल बा.

25 जुलाई 2023 | ऊर्जा


भैंस चरावे वाला जिनगी आ प्यार के गीत गावत बा

सत्यजीत मोरांग असम के मिसिंग जनजाति से आवेलन. एह वीडियो में ऊ एगो ओइनिटोम शैली के प्रेम गीत गावत बाड़न आउर ब्रह्मपुत्र नदी किनारे द्वीप पर भैंस चरावे के बात करत बाड़न.

2 जनवरी 2023 | हिमांशु चुटिया सैकिया


गांव-देहात के चौका के गीत

सैंकड़न गांव से आवे वाला तीन हजार से जादे मेहरारू लोग के गावल 1 लाख से जादे गीत पारी के जांता गीत प्रोजेक्ट (ग्राइंडमिल सॉन्ग प्रोजेक्ट) में शामिल कइल गइल बा. एह गीत गावे वाला मेहरारू लोग में सिरिफ मजूर आ मछुआरिन लोगे नइखे. बलुक एह प्रोजेक्ट में लइकी, महतारी, घरवाली, बहिन के आवाज भी दरज कइल गइल बा. एह में ऊ लोग पत्थर के जांता (चक्की) चलावे घरिया गीत गा रहल बा. पारी के एह डॉक्यूमेंट्री में एहि सभ गीत के बिरासत आउर एकर सुरुआत के कहानी बा.

7 दिसम्बर 2023 | पारी टीम


मोल

दू अक्टूबर, स्वच्छ भारत दिवस के मौका पर पुणा में कचरा बीने वाला मेहाररू लोग पर एगो फिलिम

2 अक्टूबर 2023 | कविता कार्नाइरो

अल्फांसो के खतम भइल राज

महाराष्ट्र के कोंकण इलाका के किसान लोग अल्फांसो आम के उपज कम होखे से परेसान बा.

13 अक्टूबर 2023 | जयसिंग चव्हाण

उगादी उत्सव: वर्चस्व, आउर पहचान के कथा

आंध्र प्रदेस के मेडापुरम में सलाना उगादी उत्सव के भव्य आयोजन कइल जाला. ई आयोजन मडिगा समुदाय करेला. ऊ लोग एह घरिया देवता के मूरति आपन गांव में लेके आवेला.

27 अक्टूबर 2023 | नागा चरण

परछाई के कहानी: मालाबार के तोलपावकूतु शैली के कठपुतली कला

केरल के मालाबार इलाका के गांव के शैडो पपेट थियेटर कला से जुड़ल एगो फिलिम

29 मई 2023 | संगीत शंकर

तुलुनाडु के भूत

अरब सागर के किनारे स्थित कर्नाटक के एह इलाका में कइएक समुदाय लोग मिलके भूत पूजा करेला. सैयद नासिर आउर उनकर संगीत टोली अलग-अलग अनुष्ठा नें संगीत प्रस्तुत करेला. ई फिलिम इहे संगीत टोली के बिरासत के कहानी कहेला.

26 अप्रैल 2023 | फ़ैसल अहमद

डोकरा: बदलाव के कला

पीयूष मंडल लॉस्ट-वैक्स कास्टिंग तरीका से धातु के मूरति सभ गढ़ेलन. लुरगर डोकरा शिल्पकार लोग एह कला खातिर जरूरी कच्चा माल आउर मौसम के लेके बहुते चिंतित बा.

26 अगस्त 2023 | श्रेयशी पॉल


हमनी के फिलिम, चाहे वीडियो भेजे के चाहत बानी, त [email protected] पर जाके लिखीं.

रउआ लोग के जदि हमनी के काम पसंद आवत बा आ रउआ लोगनी पारी में आपन योगदान करे के चाहत बानी , [email protected] पर जाके लिखे के निहोरा बा. हमनी इहंवा स्वतंत्र लेखक , रिपोर्टर , फोटोग्राफर , फिलिमकार , अनुवादक , संपादक , चित्रकार आउर शोधकर्ता के स्वागत बा.

पारी मुनाफा कमावे खातिर काम ना करे. एक से जादे भाषा के ऑनलाइन संग्रह आउर पत्रकारिता वाला हमनी के वेबसाइट आम लोग से मिले वाला दान आ वित्तीय सहायता पर निर्भर बा. जदि रउआ पारी के काम में योगदान करे के चाहत बानी त डोनेट (दान) बटन जरूर दबाईं.

अनुवादक: स्वर्ण कांता

Shreya Katyayini

Shreya Katyayini is a filmmaker and Senior Video Editor at the People's Archive of Rural India. She also illustrates for PARI.

Other stories by Shreya Katyayini
Sinchita Maji

Sinchita Maji is a Senior Video Editor at the People’s Archive of Rural India, and a freelance photographer and documentary filmmaker.

Other stories by Sinchita Maji

Urja is Senior Assistant Editor - Video at the People’s Archive of Rural India. A documentary filmmaker, she is interested in covering crafts, livelihoods and the environment. Urja also works with PARI's social media team.

Other stories by Urja
Translator : Swarn Kanta

Swarn Kanta is a journalist, editor, tech blogger, content writer, translator, linguist and activist.

Other stories by Swarn Kanta