हमनी के वालंटियर लोग पारी के काम-काज के धुरी बा. उहे लोग एक-एक रिपोर्ट खातिर ‘फोकस आ फैक्टॉइड्स’ के संक्षेप तैयार करेलें. हमनी के लगे कॉलेज के विद्यार्थी, नौकरी पेशा आ सेवानिवृत्त कर्मचारी लोग बा जे हमनी संघे वालंटियर करेला ताकि जटिल आ व्यापक विषयन के स्पष्ट रूप से पढ़े लायक बनावल जा सके. उ लोग हमनी के आपन समय आ हुनर देवेलें आ ई सुनिश्चित करेलें कि हमनी के आर्काइव सुलभ आ विविधशैली में बनल रहे.
वर्तमान में पारी लाइब्रेरी में लगभग 450 वालंटियर बाड़ें जे लोग पारी सुरु होख घरिया से हमनी संघे काम कर रहल बा.
साल 2025 जा रहल बा. रउआ लोग के बतावे में ख़ुशी हो रहल बा कि हमनी के अपनी कुछ नियमित वालंटियरन के आवाज पेश कर रहल बानी जा जे अपनी अनुभव बता रहल बाड़ें.
याजिनी सत्यमूर्ति
आईआईटी बॉम्बे में पर्यावरण विज्ञान आ इंजीनियरिंग में एम टेक चल रहल बा
एक-एक रिपोर्ट खातिर जे ‘फोकस आ फैक्टॉइड्स’ तैयार कईल जाला, ओकरा से एगो नया नजरिया मिलेला जवन हमरी संघे बनल रहेला. उदाहरण खातिर कुछ रिपोर्ट जईसे टेंटेड कारपेट्स: भारत के हस्तनिर्मित कारपेट सेक्टर में गुलामी आ बाल मजदूरी या क्लाइमेट इंडिया 2024: अत्यधिक मौसम घटना के मूल्यांकन, हमके परेशान कर दिहलस. ओके समझे में हमके कई दिन लाग गईल. बाकिर जवन हम पढ़ रहल बानी, उ रिपोर्टन पर काम कईला से हमके सम्बंधित विषयन से परिचित होखे के बेहतर अवसर मिलल.
चाहे उ एक पेज के पोस्टर होखे चाहे 500 पेज के सांख्यिकीय रिपोर्ट, पारी लाइब्रेरी के संरचित ‘फोकस आ फैक्टॉइड्स’ सेट आपके मुद्दा के सार तक पहुंचावेला. दुर्भाग्यवश एमे से कई रिपोर्ट अभी ले मुख्यधारा में नईखे आईल.
अबिज़ार शेख
संचार आ वित्तीय सेवा में 30 बरिस से अधिक के अनुभव रखे वाला विशेषग्य
हमरी लगे समय रहे आ हम कुछ सार्थक कईल चाहत रहनी. पारी लाइब्रेरी के संघे वालंटियर कईल एगो कीमती अवसर रहे. पारी के काम हमरी खातिर एकदम सही रहे काहें कि ई हमेशा से हमरी व्यक्तिगत रुचियन में से एक रहल ह.
एक पाठक के रूप में हम लाइब्रेरी में थीम आ सूचीबद्धता आ क्षमता में सुधार देखल चाहब.
जेरी जोस
कोट्टयम, केरल के एगो जलवायु वैज्ञानिक
पारी से हमार पहिला परिचय वेबसाइट सुरु होखे घरिया पी. साईनाथ के एगो व्याख्यान के माध्यम से भईल रहे. ग्रामीण भारत के संगृहित करे के प्रयास जवन ‘उपमहाद्वीप के भीतर एगो महाद्वीप’ हवे, प्रेरणादायक आ अद्वितीय रहे. स्वैच्छिक सेवा दिहल पारी के बढ़त जा रहल लाइब्रेरी में दूरस्थ रूप से हमार योगदान करे के तरीका रहे.
ई सराहनीय बा कि लाइब्रेरी में ‘फोकस आ फैक्टॉइड्स’ के संघे क्यूरेट कईल रिपोर्ट उपलब्ध बा. हमके लागेला कि पारी के पत्रकारिता के विस्तारित दायरा एकर पूरक हवे. हम अपनी विशेषज्ञता के क्षेत्र के भीतर आ ओसे बाहर रिपोर्टन पर काम करे के आनंद लिहनी जहां शोध अपने आप में एगो सीख रहे.