साल 2023 में पारी के खास सफर
पारी आम आदमी के जिनगी के बारे में रिपोर्टिंग के नौ बरस पूरा कइलक. आईं हमनी के एह बरिस के सफर पर एक नजर डालल जाव



पारी आम आदमी के जिनगी के बारे में रिपोर्टिंग के नौ बरस पूरा कइलक. आईं हमनी के एह बरिस के सफर पर एक नजर डालल जाव
साल 2023 में गांव-देहात के लोग के जिनगी के दस्तावेजीकरण करे वाला पारी अपना इहां जादे कविता आउर जादे लोकगीत के जगह देलक. ई हमनी के दुनिया संवारे, संभारे, आउर जब आस-पास बहुते कुछ बिखरत रहे तब हमनी के दुख के आवाज देवे वाला कविता आउर गीते रहे
पारी लाइब्रेरी में पछिला 12 महीना में सैंकड़न रिपोर्ट, सर्वे आउर हजारन अक्षर जुड़ल. एह सभ के एके गो लक्ष्य रहे, न्याय आउर अधिकार हेतु भरपूर समर्थन
पुस्तैनी लाइब्रेरी से लेके नवीकरणीय बिजली ले, डोकरा कला से अल्फांसो आम के किसानी ले. साल 2023 में एह तरह के कइएक फिलिम पारी के शोभा बढ़इलक. आईं पधारीं आउर एह के आनंद लीहीं
पारी में हर लेख 14 ठो भाषा में छपेला, आउर अक्सरहा संगे-संगे छपेला. वेबसाइट, पत्रकारिता के एगो अनूठा आउर बहुभाषीय मंच के मिसाल बा. बाकिर ई त बड़ कहानी के छोट हिस्सा हवे… आईं, पारीभाषा के आउर दोसर कारीगरी देखल जाव
पारी में छपे वाला एक-एक फोटो बेहिसाब कहानी कहेला. पछिला एक बरिस हमनी अइसन हजारन फोटो छपनी. साल 2023 के विदा करे घरिया आईं, तनी भारत के गांव-देहात के लोग के मन छू लेवे वाला अइसने कुछ फोटो पर नजर डालल जाव
पारी के कहानी के बिसाल संग्रह देस के कोना-कोना में मौजूद कक्षा सभ में ‘स्कूल के चलत-फिरत किताब’ जेका इस्तेमाल होखेला. पढ़े-लिखे वाला लरिकन लोग भई एह संग्रह में आपन योगदान करे के चाहेला. एहि से ऊ लोग हमनी संगे इंटर्नशिप करेला. इंटरव्यू, फोटो, दस्तावेजीकरण आउर गांव-देहात के सवाल उठाके ऊ लोग हमनी के संग्रह के आउर मजबूत कर रहल बा
हमनी के सोशल मीडिया पोस्ट दूर-दूर रहे वाला अलग-अलग तरह के लोग तक हमनी के कहानी पहुंचइलक आउर लोग के बीच चरचा के बिषय बनल
आदिवासी समाज, पस्चिम बंगाल के बीरभूम के किसान आउर केरल में अलाप्पुझा के कोइर मजूर. एह बरिस अइसने बहुते चेहरा पारी के हिस्सा बनल
अनुवादक: स्वर्ण कांता
Want to republish this article? Please write to [email protected] with a cc to [email protected]
All donors will be entitled to tax exemptions under Section-80G of the Income Tax Act. Please double check your email address before submitting.
PARI - People's Archive of Rural India
ruralindiaonline.org
https://ruralindiaonline.org/articles/pari-in-2023-bho