ममता पीपल्स आर्काइव ऑफ रूरल इंडिया में हमनी के साथी रहस. दुर्लभ प्रतिभा के धनी आउर एगो प्रतिबद्ध युवा पत्रकार. 11 दिसंबर. 2022 के ऊ हमनी के छोड़ के एह दुनिया से बिदा हो गइली.
उनकर पहिल बरसी के मौका पर हमनी रउआ सभे खातिर एगो खास पॉडकास्ट लेके आइल बानी. एह में ममता आपन लोग, वारली के कहानी कहत बाड़ी. वारली लोग महाराष्ट्र के पालघर जिला के वाडा तालुका के एगो आदिवासी समुदाय हवे. ऊ आपन निधन के कुछे महीना पहिले ई कहानी रिकॉर्ड कइले रहस.
ममता आपन गांव-समाज के लोग के बारे में लिखत रहस. ओह लोग के बुनियादी सुविधा आउर अधिकार से जुड़ल संघर्ष के बारे में लिखत रहस. एगो निडर पत्रकार, ऊ छोट-छोट बस्ती में जाके रिपोर्टिंग करस. ई बस्ती सभ एतना छोट रहे, कि कवनो नक्सो पर मौजूद ना होई. भूख, बाल मजूरी, बंधुआ मजूरी, स्कूली पढ़ाई, जमीन के हक, विस्थापन के पीड़ा, रोजी-रोटी आउर अइसने बहुते जमीनी मुद्दा पर उनकर कलम चलत रहे.



