हरमनदीप सिंह अपनी चारों ओर रंग बिरंगा पतंग संघे ठाड़ बाड़न. आगे पंजाब आ हरियाणा के शम्भू सीमा पर किसानन के दिल्ली की ओर मार्च करे से रोके खातिर पुलिस बड़े बड़े बैरिकेड लगवले बिया.
अमृतसर के 17 बरिस के हरमनदीप किसानन पर आंसू गैस के गोला गिरा रहल ड्रोन के नीचे ले आवे खातिर एकदम नया तरीका के उपाय लगवलन आ पतंग से ओके नीचे गिरा दिहलन. “हम अपनी आंख के आसपास टूथपेस्ट भी लगवले बानी काहे कि एसे आंसू गैस के असर कम हो जाला. हमनी के आगे मार्च कईल जाई आ ई लड़ाई जीतल जाई,” उ कहेलन.
हरमनदीप सिंह ओ हजारन किसानन आ मजदूरन में से एक हवें जे 13 फरवरी 2024 के दिल्ली की ओर आपन शांतिपूर्ण मार्च शुरू कईलें. शम्भू सीमा पर ओ लोगन के मुलाकात अर्धसैनिक बल, रैपिड एक्शन फ़ोर्स (आरएएफ) आ पुलिस अधिकारियन से भईल. दिल्ली में विरोध स्थल पर जाए देवे से रोके खातिर किसानन के रास्ता में लोहा के कील बिछावल गईल आ कंक्रीट के दीवार उठवा दिहल गईल.
पहिला बैरिकेड पर गुरजंद सिंह खालसा एगो सभा कईलन आ पांच मुख्य मांगन के दोहरावल गईल – स्वामीनाथन योग के सिफारिश के अनुसार न्यूनतम समर्थन मूल्य (एमएसपी) के गारंटी, किसानन आ खेत मजदूरन खातिर कर्जा के सम्पूर्ण माफी, लखीमपुर खीरी नरसंहार में प्रभावित किसानन खातिर न्याय आ दोषियन के गिरफ्तारी, किसानन आ मजदूरन खातिर एगो पेंशन योजना के शुरुआत आ 2020-2021 में शहीद भईल किसानन के परिवारन के मुआवजा.
























