“कोई सरकार नहीं चंगी आम लोकन लई (लोगन खातिर कवनो सरकार ठीक नईखे),” 70 बरिस के गुरमीत कौर कहेली. उ महिला लोगन के संघे एगो शेड के नीचे बईठल बाड़ी जे लोग जगरांव में किसान-मजदूर महापंचायत (किसान आ श्रमिक मेगा विलेज असेम्बली) में शामिल होखे खातिर लुधियाना के बस्सियां गांव से आईल बा.
“(प्रधान मंत्री) मोदी नोकरी देवे के वादा कईले रहलें बाकिर वादा पूरा ना भईल. (त अब) एहना दा कोई हक्क नहीं साडे इत्थे आ के वोटन मांगन दा (ओ लोगन के एइजा आ के वोट मांगे के कवनो अधिकार नईखे),” उ कहेली. गुरमीत कौर भारतीय किसान यूनियन (बीकेयू एकता) डकौंदा से जुड़ल बाड़ी आ पारी के बतवली कि उ 2019 के लोकसभा चुनाव में उ मोदी के वोट दिहले रहली.
जगरांव के नया अनाज बाजार में 21 मई के महापंचायत के आयोजन भईल रहे जहां किसान यूनियन, ट्रेड यूनियन, आंगनवाड़ी कार्यकर्ता के यूनियन आ मेडिकल प्रेक्टिशनर्स यूनियन के झंडा के नीचे करीब 50,000 लोग पूरा राज्य से एकट्ठा भईल रहलें. ई लोग एइजा आपन ताकत देखावे आ भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) के विरोध करे खातिर एकट्ठा भईल रहे. ‘बीजेपी हराओ, कॉर्पोरेट भजाओ, देश बचाओ (बीजेपी के हरावा, कॉर्पोरेट के पीछा करा, देश के बचावा),’ मंच पर लागल बैनर पर लिखल रहे.
“हमनी के मोदी के पंजाब में काला झंडा देखाईब जा,” महापंचायत में उपस्थित बीकेयू के लखोवाल चैप्टर के अध्यक्ष हरिंदर सिंह लखोवाल कहलन.
पंजाब में 1 जून 2024 के चुनाव होखे वाला बा आ नरेंद्र मोदी राज्य में आपन अभियान शुरू करे खातिर पूरी तरह तैयार बाड़ें जहां किसान लोग अपनी मांगन के प्रति केंद्र के उदासीनता के विरोध कर रहल बाड़ें. ओ लोगन के मांग में स्वामीनाथन आयोग के सिफारिश के अनुसार न्यूनतम समर्थन मूल्य (एमएसपी) के गारंटी, कर्जा के पूरा माफी, लखीमपुर खीरी नरसंहार वाले लोगन खातिर न्याय, किसान आ मजदूरन खातिर एगो पेंशन योजना आ 2020-2021 के आन्दोलन में शहीद भईल लोगन खातिर मुआवजा शामिल बा. पढ़ीं: किसान आन्दोलन पर पारी के सम्पूर्ण कवरेज












