“हमनी पीढ़ियन से दुइए ठो काम कइनी- नाव चलइनी आउर मछरी पकड़नी. हमरा त इहे बुझात बा कि आज (बे)रोजगारी के जइसन हाल बा,  हमनी के लरिकन सभ के भी इहे काम करे के पड़ी,” विक्रमादित्य निषाद कहलन. ऊ बीस बरिस से बनारस में तीर्थयात्री आउर पर्यटक लोग के गंगा नदी के एक घाट से दोसर घाट लावे, ले जाए के काम कर रहल बाड़न.

उत्तर प्रदेस में, जहंवा से गंगा हजारन किमी के दूरी तय करके गुजरेली, बेरोजगारी पछिला पांच बरिस से 50 फीसदी पर अटकल बा. अइसन 2024 के इंडियन एम्प्लाएमेंट रिपोर्ट कहत बा.

“मोदी जी ‘वोकल फॉर लोकल’ आउर ‘बिरासत ही बिकास’ के प्रचार करत बाड़न. हमरा बताईं कि बनारस के बिरासत केकर बा? हमनी के बा, काशी के लोग के बा, कि बाहरी लोग के बा?” ऊ कहलन. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बनारस से तेसर बेर चुनाव जीतल बाड़न. उनकर प्रचार अभियान से लोग खुस ना रहे, मल्लाह कहलन, “बिकास त देखाई देवे के चाहीं नू.”

वीडियो देखीं : बनारस के नाव खिवैया

‘हमरा बताईं ई बिरासत केकर बा? हमनी के, काशी (वाराणसी) के लोग के, कि बाहरी लोग के?’ मल्लाह विक्रमादित्य निषाद कहेलन

निषाद के कहनाम बा कि मोदी जनवरी 2023 में गंगा नदी में क्रूज चलवावे के सुरु कइलन, ओकरा चलते मल्लाह लोग के काम छिना गइल. “बिकास के नाम पर, ऊ (मोदी) बनारस के लोग से बिकास आउर बिरासत दुनो छीन के बाहरी लोग के हाथ में दे देलन,” ऊ कहलन. निषाद बतइलन कि बुनियादी ढ़ांचा से जुड़ल बड़-बड़ परियोजना सभ खातिर बाहिर से लोग बोलावल गइल. राज्य में एगो औसत कामगार 10,000 रुपइया दरमाहा कमाएला. ई रकम देस के कवनो राज्य के तुलना में सबले कम बा.

गंगा के हिंदू पवित्र मानेला आउर एकर पूजा करेला. आज एह नदी  के प्रदूषण 40 बरिस के मल्लाह खातिर एगो आउर दुखी करे वाला बात बा. ऊ कहेलन, “कहल जात बा कि गंगा के पानी अब साफ बा. पहिले जब हमनी नदी में सिक्का गिरावत रहीं, त पानी एतना झकाझक साफ रहत रहे कि ऊ आसानी से मिल जात रहे. बाकिर अब जदि केहू नदी में डूबियो जाला, त ओकरा खोजे में केतना दिन लाग जाला.”

PHOTO • Jigyasa Mishra
PHOTO • Jigyasa Mishra

बावां : अलकनंदा, पीएम मोदी के सुरु कइल एगो क्रूज, घाट पर लागल बा. दहिना : हिंदू भक्त लोग नदी के पूजा करत बा

PHOTO • Jigyasa Mishra
PHOTO • Jigyasa Mishra

अइसे त हिंदू धरम में गंगा नदी के पवित्र मानेला, बाकिर कइएक बरिस से एकरा में प्रदूषण बढ़त चलत जात बा. अस्सी घाट पर गंदा नाला गंगा (दहिना) में जाके गिरत बा

जून 2014 में केंद्र सरकार ‘नमामि गंगे’ प्रोग्राम सुरु कइले रहे. एह में प्रदूषण कम करे, संरक्षण बढ़ावे आउर गंगा के फेरु से जिंदा करे खातिर 20,000 करोड़ रुपइया के बजट के प्रावधान कइल गइल. अइसे त, 2017 में छपल एगो रिसर्च पेपर में कहल गइल बा कि ह्रषिकेश में एकर स्रोत लगे आउर वाराणसी से सैंकड़न किमी ऊपर ओरी जल गुणवत्ता सूचकांक (डब्ल्यूक्यूआई) के हालत पतला बा. विज्ञान आ प्रौद्योगिकी विभाग ओरी से जारी डब्ल्यूक्यूआई के आंकड़ा एकरा ‘खतरनाक’ बतइले बा.

“क्रूज ‘बनारस के बिरासत’ कइसे हो सकेला? बनारस के पहचान त हमनी के नाव से बा,” ऊ आपन नाव में बइठ के टूरिस्ट लोग के आवे के इंतिजारी करत पारी से कहलन. “ऊ केतना प्राचीन मंदिर सभ तुड़ के विश्वनाथ मंदिर कॉरिडोर बनवइलन. पहिले जब तीर्थयात्री लोग बनारस आवत रहे, त कहत रहे ऊ लोग के ‘बाबा विश्वनाथ’ लगे जाए के बा. अब कहेला ‘कॉरिडोर’ जाए के बा,” दुखी निषाद कहे लगलन. जाहिर बा कि ऊ अपना जइसन बनारसी लोग पर जबरिया थोपल गइल सांस्कृतिक बदलाव से दुखी बाड़न.

अनुवाद: स्वर्ण कांता

Jigyasa Mishra

জিজ্ঞাসা মিশ্র উত্তরপ্রদেশের চিত্রকূট-ভিত্তিক একজন স্বতন্ত্র সাংবাদিক।

Other stories by Jigyasa Mishra
Editor : PARI Desk

আমাদের সম্পাদকীয় বিভাগের প্রাণকেন্দ্র পারি ডেস্ক। দেশের নানান প্রান্তে কর্মরত লেখক, প্ৰতিবেদক, গবেষক, আলোকচিত্ৰী, ফিল্ম নিৰ্মাতা তথা তর্জমা কর্মীদের সঙ্গে কাজ করে পারি ডেস্ক। টেক্সক্ট, ভিডিও, অডিও এবং গবেষণামূলক রিপোর্ট ইত্যাদির নির্মাণ তথা প্রকাশনার ব্যবস্থাপনার দায়িত্ব সামলায় পারি'র এই বিভাগ।

Other stories by PARI Desk
Translator : Swarn Kanta

Swarn Kanta is a journalist, editor, tech blogger, content writer, translator, linguist and activist.

Other stories by Swarn Kanta