“हम कइसहूं साल में अइसन एगो दिन निकाल लिहिले.”
स्वप्नीला दत्तात्रेय जाधव 31 दिसबंर, 2022 के दिन इयाद करत बाड़ी. ओह दिन मराठी फिलिम, वेद रिलीज भइल रहे. एगो रोमांटिक फिल्म जेह में कुछ चेहरा पहचानल रहे. अइसे त एह फिलिम के राष्ट्रीय स्तर पर कवनो खास पसंद ना कइल गइल. बाकिर स्वप्नीला जइसन घरेलू कामगार खातिर फिलिम देखे से जादे, ई दिन छुट्टी के, आराम के दिन रहे. अइसन मौका उनकरा पूरा साल में बस दू बेरा भेंटाला.
तेइस बरिस के स्वप्नीला ओह दिन के बहुत प्यार से इयाद करत बाड़ी. ओह दिन उऩकर छुट्टी रहे. “नया साल के मौका रहे. हमनी बाहिर खाना खइनी, गोरेगांव में कवनो जगह रहे.”
एह मौका के छोड़ देहल जाव, त बाकिर पूरा साल स्वप्नीला हर दिन काम के चक्की में पिसाली. ऊ मुंबई के छव गो घर में घरेलू हेल्पर के काम करेली. भर दिन बरतन साफ करे, कपड़ा धोए आउर घर के दोसर काम करे में निकल जाला. सभे घर के बीच भाग-दौड़ करत निकल जाला. हां, एक घर से दोसरा घर में आवे-जाए के बीच में जे 10 से 15 मिनिट के मौका मिलेला, ओह में ऊ तनी सुस्ता लेवेली. दू घड़ी के फुरसत में ऊ फोन पर तनी मराठी गाना सुनके अपना मन बहला लेवेली. एहि आनंद के बारे में मुस्कुरा के बतावत बाड़ी, “हमरा खाली बखत में गाना सुनल नीमन लागेला.”























