“कागज पर बुनकरन के कवनो कमी नईखे लेकिन हमरी मुअला के बाद (व्यावहारिक रूप से) ई कुल खतम हो जाई,” रूपचंद देबनाथ अपनी बांस के झोपडी में हथकरघा के बिनाई से तनी आराम ले के बतियावत के कहेलन. करघा के अलावा जवन ढेर जगह छेकले बा ओमें अधिकांश कबाड़ बा – टूटल फर्नीचर, धातु के स्पेयर पार्ट्स, बांस के टुकड़ा आ अइसने बहुत कुछ. एक से अधिक आदमी खातिर एइजा एकदम जगह नईखे.
रूपचंद त्रिपुरा में भारत आ बांग्लादेश के सीमा पर धर्मनगर शहर के बाहरी क्षेत्र गोबिन्दपुर में रहेलन. एइजा से एगो पातर सड़क गांव में जाले जहां गांव वालन के अनुसार कबो 200 बुनकर परिवार आ 600 से अधिक कारीगर लोग रहत रहे. गोबिन्दपुर हैंडलूम वीवर्स असोशियेशन के कार्यालय पातर गालियन में कुछ घरन के बीच में बा. एकर टूटल फूटल दीवाल एकरी शानदार अतीत के याद दियावेले.
“कवनो घर अईसन ना होखे जेमे करघा ना होखे,” रूपचंद कहेलन जे नाथ समुदाय (राज्य में अन्य पिछड़ा वर्ग में सूचीबद्ध) से सम्बंधित हवें. चिलचिलात घाम में अपनी माथा के पसीना पोंछत 73 बरिस के रूपचंद कहेलन, “पहिले समाज में हमनी के सम्मान रहे. अब केहू के कवनो मतलबे नईखे. जवनी धंधा में पईसा ना रही ओकर सम्मान के करी?” उ पूछेलन. उनकर आवाज भावुकता से भरल बा.
दिग्गज बुनकर रूपचंद हाथ से बनल नक्शी साड़ी के याद करेलन जेपर फूलन के विस्तृत रूपांकन रहे. बाकिर 1980 के दशक में “जव पुरबाषा (त्रिपुरा सरकार के हस्तशिल्प इम्पोरियम) धर्मनगर में दोकान खोललस त हमनी से कहलस कि हमनी के नक्शी साड़ी बनावल छोड़ के सादा साड़ी बनावल जाओ,” उ कहेलन. एकर बारीकी आ समग्र गुणवत्ता कम रहे एसे एकर दाम कम रहे.
उ बतावेलन कि धीरे-धीरे ए क्षेत्र में नक्शी साड़ी गायब होखे लागल आ “ना अब एइजा कवनो कारीगर बाचल बा न करघा के स्पेयर पार्ट के सप्लाई के कवनो सुविधा बा.” पिछला चार साल से बुनकर संघ के अध्यक्ष के रूप में काम कर रहल रबिन्द्र देबनाथ भी उनकरी बात में सहमति मिलावत कहेलन, “हमनी के जवन कपड़ा बनाईं जा ओकर कवनो बाजार ना रहे.” अब 63 बरिस के उमिर में उनकी खातिर बुनकरी के काम मुश्किल बा.














