बिहार के वाल्मीकि टाइगर रिजर्व में चाहे अचके कवनो खूंखार जनावर सामने आ जाव, चाहे कवनो जंगली जनावर संकट में होखो, लोग एके नाम जपेला, मुंद्रिका. जीप ड्राइवर मुंद्रिका कबो फॉरेस्ट गार्ड रहस. बाकिर आजो लोग लिखित परीक्षा पास करके डिग्री लेवे वाला गार्ड से जादे उनके पर भरोसा करेला