इतवारी राम मछिया बैगा कहले, “हमनी आज दशरा नाच करे जात बानी. ई नाच दशहरा के दिन से सुरु होके फरवरी आउर मार्च तक ले, तीन से चार महीना चली. दसहरा मनावे के बाद, हमनी आपन दोसर बैगा गांव जाएम. उहंवा पूरा रात नाच चली.” इतवारी राम छत्तीसगढ़ बैगा समाज के अध्यक्ष बानी.

साठ पार चुकल बैगा नर्तक आउर किसान इतवारी राम, कबीरधाम जिला के पंडरिया प्रखंड के अमानिया गांव से आवेले. टोली के दोसर लोग संगे, इतवारीजी रायपुर में होखे वाला राष्ट्रीय आदिवासी नृत्य महोत्सव में हिस्सा लेवे आइल बानी.

छत्तीसगढ़ में मौजूद सात गो विशेष रूप से कमजोर जनजातीय समूह (पीवीटीजी) में से बैगा एगो बा. बैगा जनजाति के लोग छत्तीसगढ़ के अलावे मध्यप्रदेश में भी पावल जाला.

वीडियो देखीं: छत्तीसगढ़ के बैगा लोक नृत्य

इतवारी जी कहले, “दशरा नाच आमतौर पर कोई 30 गो लोग मिल के करेला. हमनी के टोली में मरद आउर मेहरारू दूनो नाचे वाला लोग बा. गांव में त ई गिनती सौ ले पहुंच जाला.” ऊ बतइले कि जब मरद के टोली कवनो गांव जाला, त उहंवा मेहरारू के टोली संगे नाचेला. बदला में मेजबान गांव के पुरुष टोली अतिथि टीम के गांव आवेला आउर उहंवा के महिला टोली संगे नाचेला.

उहे जिला के कवर्धा ब्लॉक के अनीता पंड्रिया बतावत बाड़ी, “हमनी के गीत गावे, नाचे में हरमेसा से मन लागेला.” अनीता नृत्य उत्सव में हिस्सा लेवे आइल बाड़ी. ऊ इतवारीजी के टोली में भी बाड़ी.

नाच में टोली के लोग गीत-गीत में सवाल पूछेला आउर एहि तरह से गीत-गीत में जवाब देवल जाला.

दशरा नाच, बैगा गांव के एगो पुरान परंपरा बा. पर्यटक लोग के ई नाच अपना ओरी खूब खींचेला. एकर टोली के अक्सरहा लोकप्रिय स्थल पर वीआईपी लोग के मनोरंजन खातिर बोलावल जाला. बाकिर समुदाय के शिकायत बा कि एकरा खातिर ऊ लोग के पर्याप्त पइसा ना मिलेला.

कवर फोटो: गोपीकृष्ण सोनी

अनुवाद: स्वर्ण कांता

Purusottam Thakur

پرشوتم ٹھاکر ۲۰۱۵ کے پاری فیلو ہیں۔ وہ ایک صحافی اور دستاویزی فلم ساز ہیں۔ فی الحال، وہ عظیم پریم جی فاؤنڈیشن کے ساتھ کام کر رہے ہیں اور سماجی تبدیلی پر اسٹوری لکھتے ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز پرشوتم ٹھاکر
Video Editor : Urja

اورجا، پیپلز آرکائیو آف رورل انڈیا (پاری) کی سینئر اسسٹنٹ ایڈیٹر - ویڈیوہیں۔ بطور دستاویزی فلم ساز، وہ کاریگری، معاش اور ماحولیات کو کور کرنے میں دلچسپی لیتی ہیں۔ اورجا، پاری کی سوشل میڈیا ٹیم کے ساتھ بھی کام کرتی ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Urja
Translator : Swarn Kanta

سورن کانتا ایک صحافی، ایڈیٹر، ٹیک بلاگر، کنٹینٹ رائٹر، ماہر لسانیات اور کارکن ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Swarn Kanta