एक बेरा के बात बा, तीन गो लोग- कैथरीन कौर, बोधि मुर्मू आउर मोहम्मद तुलसीराम एक-दोसरा के पड़ोस में रहत रहे. कैथी किसान रहस, बोधि जूट मिल में काम करत रहस, आउर मोहम्मद गाय चरावत रहस. भारी भरकम किताब, भारत के संविधान, जेकरा लेके शहर के पढ़ल-लिखल बुद्धिजीवी लोग हो-हल्ला कइले रहे, के का कइल जाव, केहू के पल्ले ना पड़त रहे. कैथी खातिर ई फालतू रहे, बोधि के सायद दैवीय लागत रहे, आउर मोहम्मद त इहंवा तक पूछ लेले, “का एकरा से हमनी के लरिकन के पेट भरी?”

तीनों पड़ोसी बेखबर रहस एगो दाढ़ीवाला राजा चुनल गइल बा. ओह लोग के एह बात से कवनो मतलब ना रहे, “आखिर एतना फालतू समय केकरा लगे बा?” आउर फेरु बरसात ना भइल, करजा बढ़ गइल, पता चलल एगो कीटनाशक बोतल कैथरीन के नाम फुसफुसावत बा. बाद  में जूट मिल के भी भट्ठा (दिवाला निकलना) बइठ गइल. पुलिस प्रदर्शनकारी पर आंसू गैस छोड़लक आउर विरोध मार्च के अगुआई करे वाला बोधि मुर्मू पर आतंकवादी होखे के तोहमत लागल.  आखिर में मोहम्मद तुलसीराम के शामत आइल. एगो सुंदर सनातन (पवित्र) सांझ, उनकर गाय सभ जब घरे लउटली, पीठ पर तलवार के दू गो गोड़ वाला बछड़ा रहे. केहू नारा लगातव रहे, “गौ माता के जय! गौ माता के जया!”

अचके कहूं दानव मंत्र जाप करे लागल, कहूं किताब के पन्ना फड़फड़ाए लागल, अन्हरिया में से बुल्लू सूरज उग आइल, एगो लड़खड़ात आवाज सुनाई पड़ल:
“हमनी, भारत के आम अवाम, दृढ़ संकल्प लेत बानी…”

जोशुआ बोधिनेत्र के आवाज में हाइकू के पाठ सुनीं



संविधान एगो शोकगीत

1.
मुलुक आजाद बा
आउर पियास भी, लाल मेघ में
एगो दबल आग बा

2.
निष्ठुर रे समाजवाद,
जरत घाम में टटात मजूर सोचत बा
काहे सपना देखलक

3.
मंदर, मस्जिद गिरजाघर
आउर मकबरा, भाईचारा के सीना में गहिर
धंसल एगो त्रिशूल

4.
ज्ञानी चेता गइलें
बस एगो भोट खातिर तू बिक गइलू,
सुन हो लोकतंत्र!

5.
एगो राजा अइलें
लोकतंत्र के ताज पहिनलें, बुद्ध गिरलें
संगीन नाचे लागल

6.
पहिले खाली पट्टी रहे
न्याय खातिर अब ना रहल न्याय बेवस्था
पट्टी के नीचे आंख भी ना बचल

7.
मॉल में बिकात बा,
एगो मीठ बरनी में रखल बा
ताजा ताजा आजादी

8.
पवित्र गाय आ करियर
करियर बोटी- बराबरी के चूल्हा पर
कइसन पाकल रोटी

9.
भाईचारा रोवत बा
राई के खेत में शुद्र सर पीटत बा
राष्ट्रवाद दहाड़त बा.


हाइकू खातिर कवि स्मिता खटोर, जिनकरा संगे विचारोत्तेजक बहस से कविता उपजल, के प्रति आपन खास आभार प्रकट करे के चाहत बाड़े

अनुवाद: स्वर्ण कांता

Joshua Bodhinetra

جوشوا بودھی نیتر نے جادوپور یونیورسٹی، کولکاتا سے تقابلی ادب میں ایم فل کیا ہے۔ وہ ایک شاعر، ناقد اور مصنف، سماجی کارکن ہیں اور پاری کے لیے بطور مترجم کام کرتے ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Joshua Bodhinetra
Illustration : Labani Jangi

لابنی جنگی مغربی بنگال کے ندیا ضلع سے ہیں اور سال ۲۰۲۰ سے پاری کی فیلو ہیں۔ وہ ایک ماہر پینٹر بھی ہیں، اور انہوں نے اس کی کوئی باقاعدہ تربیت نہیں حاصل کی ہے۔ وہ ’سنٹر فار اسٹڈیز اِن سوشل سائنسز‘، کولکاتا سے مزدوروں کی ہجرت کے ایشو پر پی ایچ ڈی لکھ رہی ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Labani Jangi
Translator : Swarn Kanta

سورن کانتا ایک صحافی، ایڈیٹر، ٹیک بلاگر، کنٹینٹ رائٹر، ماہر لسانیات اور کارکن ہیں۔

کے ذریعہ دیگر اسٹوریز Swarn Kanta