“थोड़िके दिन पहिले, एक ठो रसेल वाइपर (जहर वाला सांप) हमार गोड़ लगे आ गइल रहे, बस काटहीं वाला रहे, कि नजर पड़ गइल,” दत्तात्रेय कसोटे कहले. कसोटे महाराष्ट्र के कोल्हापुर जिला में शेंदूर गांव के किसान हवन. रात के जब ऊ आपन खेत में पानी पटावत (सिंचाई) रहस, उनकरा ई जहरीला सांप देखाई पड़ल.

करवीर आउर कागल तालुका में खेत में पंप से पानी पटाए के काम, कसोटे जइसन किसान के रोज के काम हो गइल बा. इहंवा बिजली आवे के कवनो ठिकाना ना रहे, आवेला भी त रुक-रुक के. बिजली के अइसन आंख-मिचौली से किसान लोग के जिनगी बेहाल भइल बा.

गांव में बिजली केतना देर ले रही, एकर कवनो नियम नइखे. कबो त रात में आई, आउर कबो दिन में, उहो रुक-रुक के. कबो आठ घंटा के जरूरी कटौती कइल जाई त बाद में एकर भरपाई के भी कवनो ठिकाना ना रही.

इहे कारण बा कि एह लोग के खेत में लागल ऊंख के फसल, जेकरा बहुते पानी चाहीं, समय पर आउर पर्याप्त पानी ना मिले से खराब हो जाला. किसान लोग लाचार बा: अब त ऊ लोग आपन लरिका लोग के ई काम में ना आवे देवे के चाहे. नयका पीढ़ी के जवान लरिका लोग कमाई खातिर लगे के महाराष्ट्र औद्योगिक विकास निगम (एमआईडीसी) में नौकरी कइल पसंद करता. उहंवा ऊ लोग के 7,000-8,000 रुपइया के पगार मिल जाला.

“दिन-रात खटे आउर एतना मुसीबत उठवला के बादो खेती से कवनो खास फायदा ना मिले. एह से त नीमन कारखाना में काम कइल बा. उहंवा पगारो नीमन बा,” करवीर से आवे वाला एगो जवान किसान, श्रीकांत चवन कहले.

कोल्हापुर में बिजली के संकट किसान आउर उनकर जिनगी पर कइसे बिजुरी बन के गिरल बा, एहि पर एगो लघु फिलिम बनावल गइल बा.

फिलिम देखीं: कोल्हापुर के किसानन के बत्ती भइल गुल


अनुवाद: स्वर्ण कांता

Jaysing Chavan

జైసింగ్ చవాన్ కొల్హాపుర్‌కు చెందిన ఒక ఫ్రీలాన్స్ ఫోటోగ్రాఫర్, చిత్ర నిర్మాత.

Other stories by Jaysing Chavan
Text Editor : Archana Shukla

అర్చన శుక్లా పీపుల్స్ ఆర్కైవ్ ఆఫ్ రూరల్ ఇండియాలో కంటెంట్ ఎడిటర్‌గానూ, ప్రచురణల బృందంలోనూ పని చేస్తున్నారు.

Other stories by Archana Shukla
Translator : Swarn Kanta

Swarn Kanta is a journalist, editor, tech blogger, content writer, translator, linguist and activist.

Other stories by Swarn Kanta