पानी ले लो! पानी (पानी खरीद ल! पानी)!
रुकीं, भागत के बरतन लेवे मत चलि जाईं. पानी के ई टैंकर बहुत छोट बा. ई टैंकर प्लास्टिक के बोतल, पुरान रबड़ के चप्पल, एगो छोट प्लास्टिक के पाइप आ लकड़ी के उपयोग कर के बनावल गईल बा आ एमे मुश्किल से एक गिलास पानी आंटेला.
बलवीर सिंह, भवानी सिंह, कैलाश कंवर आ मोती सिंह – 5 बरिस से 13 बरिस तक के उमिर के इ कुल सांवता के बच्चा हवें सन. उन्हनी के देखले बाड़ें सन कि राजस्थान के पूर्वी कोना में स्थित ए गांव में जब हफ्ता में दू बेर पानी के टैंकर आवे ला त उन्हनी के माई बाप आ गांव के बाकी लोग बहुत खुश हो जायेला. इहे देख के उ कुल ई खेलौना बनवले बाड़ें सन.








