ई लोग लम्बा चौड़ा तैयारी के रीढ़ हवे जे हर दिन तीन कुंतल बैगन पकावता आ ओकर बैगन भरित बनावता जे के देश के अन्य हिस्सन में बैगन के भरता कहल जाला. जलगांव जिला प्रशासन द्वारा व्यस्त आउटलेट के भीतर एगो चुनाव जागरूकता वीडिओ शूट कईला के बाद ए लोगन के चेहरा अब व्यापक रूप से पहचान पा चुकल बा.
जलगांव संसदीय क्षेत्र के चुनावन में महिला लोगन के मतदान प्रतिशत में सुधार ले आवे के उद्देश्य से 13 मई के बनावल गईल विडिओ में कृष्णाजी भरित महिला लोगन से ए बात पर चर्चा कईली कि ओ लोगन के अपनी अधिकारन के विषय में केतना जानकारी बा आ ओ दिन उ लोग आपन मताधिकार के प्रयोग करे के प्रक्रिया के विषय में का सीखल लोग.
“हम जिला कलेक्टर से सीखनी कि ओ एक पल खातिर, जब हमनी के वोटिंग मशीन के सामने खड़ा रहेनी जा, आ हमनी के ऊंगली पर नीला निशान लाग जाला त हमनी के वास्तव में आजाद होखेनी जा,” मीराबाई नरल कोंडे कहेली जिनकर परिवार एगो छोट नाई के दोकान चलावेला. रेस्टोरेंट से उनकर कमाई घर के आमदनी में महत्वपूर्ण योगदान देवेला. “हमनी के अपनी पति, माता पिता, बॉस या नेता से पूछे बिना मशीन के सामने अपनी पसंद के बटन दबा सकेनी जा.”
कृष्णाजी भरित के रसोई में उत्पादन पीक सीजन यानि सर्दी के मौसम में अक्टूबर से फरवरी के दौरान बढ़ के 500 किलो ले चल जायेला जब स्थानीय बाजार सबसे बढ़िया बैगन से भर जाला. महिला लोगन के कहनाम बा कि ताजा पिसल तलल मिर्च, धनिया, भूनल मूंगफली, लहसुन आ नारियल का स्वाद एगो खास बात बा. दूसर बात बा एकर दाम जवन केहू भी वहन कर सकेला. परिवार 300 रुपिया से भी कम में एक किलो भरित आ साथ में कुछ और भी सामान ले जा सकेला.
एह 10 बाय 15 फीट के किचेन में चार गो चूल्हा पर कुल 34 गो व्यंजन पक रहल बा जेमें दाल फ्राई, पनीर-मटर आ अउरी कई गो शाकाहारी व्यंजन शामिल बा. हालांकि व्यंजनन के शृंखला में सबसे खास भरित आ शेव भाजी बा. शेव भाजी बेसन से बनल फ्राइड सेव के करीदार व्यंजन होला.