श्री भादरिया माता जी के मंदिर में जइसहीं घुसम, रउआ लोग के संगीत आउर गीत के मधुर तान सुनाई दिही. बाकिर जइसे-जइसे एकरी सीढ़ी उतरत जाएम, आवाज मद्धम होखत जाई. नीचे रउआ एगो मोटा-मोटी 200 बरिस पुरान कंदरा मिली. इहंवा गोड़ धरते अचके सभ आवाज सुनाई पड़ल बंद हो जाई. एह घरिया रउआ भूइंया के नीचे कोई 20 फुट पर बानी.
सोझे कोई 15,000 वर्गफुट में फइलल किताब घर देखाई दिही. ई देखे में कवनो भूलभुलैया से कम नइखे. किताब घर में तनी-तनी दूर पर 562 अलमारी कतार में लागल बा. एह में 2 लाख से जादे किताब सभ सजावल बा. चमड़ा के जिल्द वाला ग्रंथ, छाल पर लिखल पुरान पांडुलिपि, हिंदू धरम, इस्लाम, इसाई धरम आउर दोसर संप्रदाय से ले के विधि आउर औषधि विज्ञान के किताब आ पुरान संस्करण देखाई दिही. इहे ना एह सभ के बीच दर्शन विज्ञान, भूगोल, इतिहास आउर पता ना केतना दोसर विषय पर लिखल अफरात किताब सभ मिली. इहंवा कथा आउर साहित्य से जुड़ल किताब सभ भी खूब बा. ओह में कालजयी रचना से लेके नयका उपन्यास शामिल बा. किताब घर में जादे करके किताब सभ हिंदिए भाषा में बा. बाकिर अंग्रेजी आउर संस्कृत में लिखल गइल किताब के भी कवनो कमी नइखे.
अइसन कमाल के किताब घर के बारे में पहिल बेर पंजाब के एगो धार्मिक विद्वान, हरवंश सिंह निर्मल के मन में विचार आइल. कहल जाला कि ऊ आपन जिनगी के 25 बरिस एहि मंदिर के अहाता में बनल एगो गुफा में बितइलन. ओहि घरिया ऊ मंदिर के नीचे अइसन किताब घर बनावे के बारे में सोचे लगलन. अइसे त, निर्मल जी साल 2010 में बैकुंठ पधार गइले बाकिर ऊ बहुत पहिले से शिक्षा आउर पशुकल्याण के मकसद से धन जुटावे के सुरु कर देले रहस.
श्री जगदंबा सेवा समिति नाम के न्यास के सचिव जुगल किशोर जी के कहनाम बा, “ऊ पक्का मानवतावादी रहस. सभे धरम एक बा, बतावे वाला: आदमी के चमड़ी आ केश के रंग अलग भले होखे, बाकिर भीतर से हमनी एके बानी.” मंदिर आउर किताब घर के चलावे, देख-रेख करे के जिम्मेदारी इहे न्यास के बा. न्यास एगो गौशाला भी चलावेला, जहंवा कमो ना त 40,000 गाय होई.






















