जसदीप कौर के पढ़ाई खातिर स्मार्टफोन कीनल जब जरूरी हो गइल, त उनकर माई-बाऊजी लोग 10,000 रुपइया के करजा उठइलक. करजा उतारे खातिर 18 बरिस के ई लइकी आपन गरमी के छुट्टी (साल 2023) खेत में धान रोपत बितइली.
परिवार के सहयोग करे खातिर खेत में काम करे वाली, एतना कम उमिर के ऊ अकेला लइकी नइखी. पंजाब के श्री मुक्सर साहिब जिला के रहे वाला जसदीप जइसन आउरो लइकी लोग बा.
जसदीप कहेली, “हमनी खुसी से खेत में खटे ना जाईं, परिवार के मजबूरी हमनी से ई काम करवावेला.” उनकर परिवार मजहबी सिख बा, जेकरा पंजाब में अनुसूचित जाति के दरजा मिलल बा. उनकर समुदाय के जादे करके लोग भूमिहीन बा आउर ऊंच जात के किसान लोग इहंवा खेत में मजूरी करेला.
माई-बाऊजी लोग गाय कीने खातिर एगो माइक्रोफाइनांस कंपनी से 38,000 रुपइया के करजा लेले रहे. एहि रकम में से ऊ लोग लइकी के स्मार्टफोन खातिर पइसा देले रहे. प्लान इहे रहे कि गाय के दूध, 40 रुपइया लीटर, बेच के घर के खरचा चलावल जाई. श्री मुक्सर साहिब जिला के उनकर गांव, खुंडे हलाल में कमाई के जादे साधन नइखे. इहंवा के 33 प्रतिशत आबादी खेतिहर मजूर बा.
जसदीप खातिर जून में होखे वाला कॉलेज के परीक्षा खातिर स्मार्टफोन वरदान साबित भइल. धान के खेत पर आपन रोज के काम के बीच ऊ दू घंटा निकाल के ऑनलाइन परीक्षा देली. ऊ बतावत बाड़ी, “हम काम ना छोड़ सकत रहीं. जदि कॉलेज जाके परीक्षा देतीं, त ओह दिन के हमार मजूरी मारल जाइत.”



















