रुपेश मोहरकर 20 के उमिर के आसपास वाला महिला आ पुरुष लोगन के अपनी समूह में जोश भरे खातिर संबोधित करेलन.
“फोकस ठीक राखे के बा,” 31 बरिस के रुपेश चिल्लात बाड़ें आ युवा लोगन के समूह उनकर बात ध्यान से सुन रहल बा. “सुस्ती के कवनो जगह नईखे!” अब्बो नाहीं त कब्बो नाहीं, उ युवा लोगन के समूह के याद दियावत बाड़ें.
सहमति में मुड़ी हिलावत ई समूह गंभीर चेहरा संघे विजय के हुंकारी भरत बा. जोश में भरल सब केहू वापस से दौड़े, भागे आ स्ट्रेचिंग करे लौटता. ई शारीरिक प्रशिक्षण ई लोग एक महिना से ले रहल बाड़ें.
शहर के एकमात्र सार्वजनिक मैदान भंडारा के शिवाजी स्टेडियम में अप्रैल के शुरुआती दिन में सबेरे 6 बजे के दृश्य हवे. मैदान युवा लोगन के गर्जना से भरल बा जे आपन स्टेमिना बनावे खातिर 100 मीटर के दौड़, 1600 मीटर के दौड़, शार्ट पुट आ अन्य खेलन के अभ्यास करत बाड़ें.
उनकरी दिमागन में खाली इहे चल रहल बा कि आम चुनाव आवे वाला बा जहाँ प्रधान मंत्री नरेंद्र मोदी अपनी लगातार तीसरी कार्यकाल खातिर फिर से चुनाव लड़त बाड़ें. भंडारा-गोंदिया संसदीय क्षेत्र में 19 अप्रैल 2024 के पहिला चरण में मतदान होखी जवन लम्बा, कठिन आ पसीना गर्मी से उमसाईल रहे वाला बा.
चुनावी लड़ाई से दूर ई युवा महिला पुरुष लोग आगामी राज्य पुलिस भर्ती अभियान पर ध्यान केन्द्रित कईले बाड़ें जेकरी खातिर आवदेन करे के अंतिम तिथि 15 अप्रैल हवे. परीक्षा में शारीरिक आ लिखित परीक्षा दूनो होखी जवन पुलिस कांस्टेबल, कांस्टेबल ड्राईवर, राज्य रिजर्व पुलिस बल, पुलिस बैंडमैन आ कारागर कांस्टेबल के रिक्ति भरे खातिर कुछ महीना में आयोजित कईल जाई.













