महुआ (मधुका लॉन्गिफोलिया) साल में दू से तीन महीना ले फुलाला. गरमी सुरु होखते, मध्य भारत में एकर लमहर लमहर गाछ से महुआ के फूल टपके लागेला.
छत्तीसगढ़ में जब महुआ फुलाए लागेला, हल्का पियर रंग के महुआ के फूल बीने खातिर पूरा घर जोश में आ जाला. सगरो रमन-चमन हो जाला. का छोट, का बड़, परिवार के सभे कोई जंगल में गाछ से टपकल फूल चुने में लाग जाला. “बहुते परिश्रम वाला काम बा,” भूपिंदर कहले. “हमनी मुंह अन्हारे महुआ चुने निकल जाइले आउर फेरु सांझो के जाइले.” धमतरी जिला के चनागांव से ऊ आपन माई-बाबूजी के फूल बीने में मदद खातिर आइल बाड़न. पूरा मोहल्ला-टोला उहंवा उमड़ल बा. त्योहार जेका चहल-पहल आउर मस्ती देखाई देत बा.
फूल खिलाए लागेला, त पूरा इलाका एकर महक से गम-गम करे लागेला. रायगढ़ जिला के धरमजयगढ़ से छत्तीसगढ़ के राजधानी रायपुर ले आवे में रस्ता में जगह-जगह महुआ के गाछ के नीचे गांव के लोग फूल बीनत देखाई दीहि. ऊ लोग एकरा घरे ले जाके सुखाई आउर आटा, दारू जइसन कइएक चीज तइयार करी.
अंबिकापुर के सामाजिक कार्यकर्ता आउर आदिवासी लोग के नेता गंगाराम पैंकरा कहले, “हमनी खातिर महुआ के बहुते महत्व बा. एकरा हमनी जंगल से बीन के लाइले. भुखमरी में इहे खाके जिंदा रहिले. जरूरत पड़ला पर महुआ बेच के पइसा भी कमाइल जाला.” उनकर मतलब बा कि जब गांव के लोग के दिहाड़ी के काम भी ना मिलेला, तवन घरिया इहे फूल वरदान बन के आवेला.













