इतवारी राम मछिया बैगा कहले, “हमनी आज दशरा नाच करे जात बानी. ई नाच दशहरा के दिन से सुरु होके फरवरी आउर मार्च तक ले, तीन से चार महीना चली. दसहरा मनावे के बाद, हमनी आपन दोसर बैगा गांव जाएम. उहंवा पूरा रात नाच चली.” इतवारी राम छत्तीसगढ़ बैगा समाज के अध्यक्ष बानी.
साठ पार चुकल बैगा नर्तक आउर किसान इतवारी राम, कबीरधाम जिला के पंडरिया प्रखंड के अमानिया गांव से आवेले. टोली के दोसर लोग संगे, इतवारीजी रायपुर में होखे वाला राष्ट्रीय आदिवासी नृत्य महोत्सव में हिस्सा लेवे आइल बानी.
छत्तीसगढ़ में मौजूद सात गो विशेष रूप से कमजोर जनजातीय समूह (पीवीटीजी) में से बैगा एगो बा. बैगा जनजाति के लोग छत्तीसगढ़ के अलावे मध्यप्रदेश में भी पावल जाला.


