मुकेश राम दिवाली से 10 रोज पहिले आपन गांव महम्मदपुर लउटल रहस. ऊ हिमाचल प्रदेश के शिमला में मिस्त्री के काम करत रहस.
चालीस बरिस के मुकेश हर साल छठ मनावे खातिर बिहार के गोपालगंज में आपन घर आवत रहस. जाने के बात बा कि छठ पूजा दिवाली के छठमा दिन मनावल जाला, आउर एह में सूरज भगवान के पूजा कइल जाला.
गांव लउटला के बाद, ऊ घर से कोई छव किमी दूर मंगलपुर पुरान बाजार में एगो निर्माण स्थल पर मजूरी करे गइल रहस. मुकेश भोर में आठ बजे घर से निकल जास आउर संझा के छव बजे तक लउटत रहस.
बाकिर 2 नवंबर, 2021 के ऊ देर से घरे अइलन. घरे अइला के थोड़का देर बाद ऊ कपार (माथा) में बहुते जादे दरद बतावे लगलें.
भोरे तकले ऊ माथा दरद से छटपटात रहलें. उनकर आंख भी बंद होखत रहे. अइसे त, ऊ भोर में काम पर जाए खातिर कइसहूं तइयार भ गइलन, बाकिर बहुते दरद होखे के चलते जाए के हिम्मत ना कर सकलें.
उनकर अइसन तबियत देखके, उनकर मेहरारू प्रभावती भाड़ा पर प्राइवेट गाड़ी बुक कइली. एकरा बाद उनकरा के 35 किमी दूर गोपालगंज शहर में एगो प्राइवेट अस्पताल ले गइली. “सुबेरे (अस्पताल) ले जात, ले जात, 11 बजे उनकर मउत हो गइल.”
पति के मरला के सदमा में डूबल प्रभावती (35) सांझ के जब उनकर मृत देह संगे घर लउटली, तबले उनकर पक्का मकान सील कइल जा चुकल रहे. महम्मदपुर थाना के पुलिस उनकर घर पर छापा मारले रहे.










