सैयद खुरशीद के बजट से जादे मतलब ना रहल. बहत्तर बरिस के बुजुर्ग कहले, “हमरा त खबरो देखे के मन ना भइल. का सांच बा, का झूठ, पहचानल मुस्किल बा.”
रस्ता चलत केहू के बतियावत सुनले रहस, त पता चलल कि टैक्स में कुछ बदलाव भइल बा. ऊ हंसत कहले, “बाकिर हमार मोहल्ला के त एगो आदमी ना होई, जेकरा एकरा से फायदा भइल होई. हम अपना कमाते हैं और खाते हैं (हमनी आपन कमाइला, आपन खाइला.)”
सैयद, महाराष्ट्र के परभणी जिला के गंगाखेड़ कस्बा में पछिला साठ बरिस से दरजी के काम करत बाड़न. आठ बरिस के रहस त आपन बाऊजी से ई काम सिखले रहस. उनकर सिलाई के धंधा अब पहिले जेका मुनाफा वाला ना रहल. ऊ कहेलन, “नयका जमाना के लइका-लइकी सब रेडीमेड कपड़ा पहिनल जादे पसंद करेला.”




