जाकिर हुसैन आ महेश कुमार बचपन के दोस्त हवे लोग. दूनो लोग अपनी उमिर के चालीसवां फेंटा में बाड़ें आ अब्बो घनिष्ठ बाड़ें. जाकिर अजना गांव में रहेलन आ पाकुड़ में निर्माण उद्योग में ठेकेदार के रूप में काम करेलन. उहंई महेश कस्बा में एगो छोट रेस्तरों चलावेलन.
“पाकुड़ (जिला) बहुत शांत जगह हवे; लोग खूब मेल भाव से रहेला,” महेश कहेलन.
इ त हिमंता बिस्वा सरमा (असम के मुख्य मंत्री) जइसन बाहर से आवे वाला लोग बा, जे अपनी भाषणन से लोगन के भड़का रहल बाड़ें,” अपनी मित्र के बगल में बईठल जाकिर कहेलन.
संथाल परगना क्षेत्र के एगो हिस्सा पाकुड़ झारखंड के पूर्वी कोना में स्थित बा. इहंई 20 नवम्बर 2024 के राज्य में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा. कुल 81 सीटन खातिर चुनाव बा. पिछला चुनाव में 2019 में झारखंड मुक्ति मोर्चा (जेएमएम) के नेतृत्व वाला गठबंधन भाजपा के बाहर कर देले रहे.
सत्ता वापस पावेला भाजपा मतदातन के लुभावे खातिर अन्य लोगन के संघे असम के मुख्यमंत्री के भी भेजले बा. भाजपा नेता लोग मुस्लिम समुदाय के ‘बांग्लादेशी घुसपैठिया’ करार देत के उनकरी खिलाफ गुस्सा भड़का देले बा.
“हिन्दू लोग हमरी घर के बगल में रहेला; उ लोग हमरी घरे आवेला आ हम उनकी घरे जायेनी,” जाकिर कहेलन, “खाली चुनावन के दौरान हिन्दू-मुस्लिम मुद्दा उठेला. नाहीं त उ लोग (बीजेपी) जीती कईसे?”
जमशेदपुर में सितम्बर 2024 में एगो रैली में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी घुसपैठ के मुद्दा पर जोर दिहलन. “संथाल परगना (क्षेत्र) में आदिवासियन के आबादी तेजी से घट रहल बा. जमीन जब्त कईल जाता. घुसपैठिया लोग पंचायत में पद ले रहल बा,” उ भीड़ के संबोधित करत कहलें.
रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ गृह मंत्री अमित शाह अपनी जनसभा में अइसने मिलत जुलत बात कहले बाड़ें. भाजपा के चुनावी घोषणापत्र में कहल गईल बा, “हमनी के झारखंड में अवैध बंगलादेशी घुसपैठ के रोके आ आदिवासी समुदायन के अधिकारन खातिर काम करब जा.”












