जब कबो हम अपनी लोगन के मौत पर कुछ लिखे के कोसिस करेनी, दिमाग खाली हो जाला जईसे देह से प्राण निकल गईल होखे.
दुनिया बहुते आगे बढ़ गईल बा बाकिर हमनी के समाज हाथ से मैला उठावे वाला लोगन के जिंदगी के तनिको परवाह ना करे. सरकार सीधे अइसन मौतन से इंकार कर देवेले. बाकिर ए साल लोक सभा में पूछल गईल सवाल के जवाब में सामाजिक न्याय आ अधिकारिता मंत्री रामदास अठावले बतवलें कि 2019-2023 के दौरान ‘सीवर आ सेप्टिक टैंकन के खतरनाक सफाई’ के दौरान 377 से जादे लोग मौर गईल.
हमरा व्यक्तिगत रूप से पिछला सात बरिस में मैनहोल में होखे वाला कइएक मौत देखे के मौक भेंटाएल. अकेले चेन्नई के आवदी जिला में 2022 से अब ले मैनहोल में 12 लोग के मौत हो चुकल बा.
आवदी के रहे वाला आ ठेका मजदूर के रूप में काम करे वाला अरुंधतियार समुदाय के 25 बरिस के हरि 11 अगस्त के एगो सीवेज नहर के सफाई करे घरिया डूब के मर गईलें.
बारह दिन बाद हम हरि अन्ना के मौत के रिपोर्ट करे गईनी. हमके उनकर लाश उनकरी घर में एगो फ्रीजर बॉक्स में बंद मिलल. उनकर परिवार उनकी पत्नी तमिल सेल्वी के उ कुल अनुष्ठान करे के कहले रहे, जवन एगो विधवा से करे के उम्मीद कईल जाला. ओकरी पड़ोसियन के रिश्तेदार ओकरी चारों ओर हल्दी लगा दिहलें लोग आ ओकर थाली (विवाहित महिला के प्रतीक) काटे से पहिले ओके नहवावल गईल. ए सब अनुष्ठान के दौरान सेल्वी गुमसुम आ चुप रहे.




















