“इतिहास हरमेसा से शासक, सामंत आउर सूरमा लोग के रहल बा, चाहे ऊ देस के इतिहास होखे, चाहे धरम आ भाषा के. एह में कमजोर, वंचित आउर आम आदमी के जगह नइखे. बाकिर इतिहास आम आदमी बिना अधूरा बा. ई जनता ही बा जे राष्ट्र बनावेला, बोली गढ़ेला आउर धरम के जन-जन तक पहुंचावेला. बाकिर समय बीतला पर ताकतवर, कुलीन लोग आके इतिहास पर आपन दावा करेला, एकर मालिक बन जाला,” कूनो नेशनल पार्क लगे रहे वाला मेराजुद्दीन कहत बाड़न. पार्क आउर एकरा लगे रहे वाला लोग के मदद खातिर जी-जान से जुटल मेराजुद्दीन गवाह बाड़न कि कइसे जंगल के लोग आपन घर आउर अधिकार से वंचित कर देवल गइल. उनकर कविता में उहे आम जनता के पीड़ा बा, छटपटाहट बा.


Sheopur, Madhya Pradesh
|SUN, FEB 11, 2024
अतीत, वर्तमान आउर भविष्य जनता के बा
कूनो में विस्थापित दलित आ आदिवासी खातिर आपन जिनगी न्योछावर कर देवे वाला, ओह लोग के पीड़ा के आवाज देवे वाला एगो कवि आउर मास्टर से एगो भेंट
Poem and Text
Illustration
Editor
Translator
हम अबही जिंदा बानी
ओ धरम देस के मुखिया
ओ मुलुक आ बोली के मालिक,
सुन ल, हम अबही जिंदा बानी
ए महराज, ए पहरुआ, तू इनसाफो भूल गइल
कागज के रसीदन में लिख के
तू इनसानो के भैलू भूल गइल
लिख ल, अबही हम जिंदा बानी, सुन ल अबही हम जिंदा बानी
मान लेनी तबियत भारी बा
पेट अन्न से खाली बा
बूंद बूंद पानी खातिर तरसत बानी
बाकिर सांस अबही ले बाकी बा
संभल जा, अबही हम जिंदा बानी, सुन ल अबही हम जिंदा बानी.
हजूर, सही-गलत के फैसला करे वाला
अब ज्ञान बघारल बंद करीं
पइसा-पइसा मत चिल्लाईं
रहे दीं, ई मातम बंद करीं
बख्श दीं, अबही हम जिंदा बानी, सुन लीं अबही हम जिंदा बानी.
रोटी पानी के हिसाब के लिखलक
हुकूमत के किताब के लिखलक?
जे में तू मालिक बन बइठल
अइसन झूठ कहानी के लिखलक?
लिख ल, अबही हम जिंदा बानी, सुन ल अबही हम जिंदा बानी.
धरम-धरम मत चिल्ला
पैगंबर आउर काबा हमनी के बा
मंदिरो हमार, भगवानो हमार
फुट ल, अबही हम जिंदा बानी, सुन ल अबही हम जिंदा बानी.
जाके मालिक से कह द,
मंतरी के कह, संतरी के कह
सभ्यता के तार-तार करे वाला तू लोग
जा के बेशरम सरकार से कह द
हम इहंई बानी, अबहियो जिंदा बानी
सुन ल, अबही हम जिंदा बानी.
(original) سن لو کہ ابھی میں زندہ ہوں
اے دیر و حرم کے مختارو
اے ملک و زباں کے سردارو
سن لو کہ ابھی میں زندہ ہوں
اے تاج بسر میزان بکف
تم عدل و حمایت بھول گئے
کاغذ کی رسیدوں میں لکھ کر
انسان کی قیمت بھول گئے
لکھو کہ ابھی میں زندہ ہوں
سن لو کہ ابھی میں زندہ ہوں
مانا کہ طبیعت بھاری ہے
اور بھوک بدن پر طاری ہے
پانی بھی نہیں شریانوں میں
پر سانس ابھی تک جاری ہے
سنبھلو کہ ابھی میں زندہ ہوں
سن لو کہ ابھی میں زندہ ہوں
اے شاہ سخن فرزانہ قلم
یہ شورش دانم بند کرو
روتے بھی ہو تم پیسوں کے لیے
رہنے دو یہ ماتم بند کرو
بخشو کہ ابھی میں زندہ ہوں
سن لو کہ ابھی میں زندہ ہوں
آئین معیشت کس نے لکھے
آداب سیاست کس نے لکھے
ہے جن میں تمہاری آغائی
وہ باب شریعت کس نے لکھے
لکھو کہ ابھی میں زندہ ہوں
سن لو کہ ابھی میں زندہ ہوں
اے پند گران دین و دھرم
پیغمبر و کعبہ میرے ہیں
مندر بھی مرے بھگوان مرے
گرودوارے کلیسا میرے ہیں
نکلو کہ ابھی میں زندہ ہوں
سن لو کہ ابھی میں زندہ ہوں
کہہ دو جا کر سلطانوں سے
زرداروں سے ایوانوں سے
پیکار تمدّن کے حامی
بے ننگ سیاست دانوں سے
کہہ دو کہ ابھی میں زندہ ہوں
سن لو کہ ابھی میں زندہ ہوں
अनुवादक: स्वर्ण कांता
Want to republish this article? Please write to [email protected] with a cc to [email protected]
Donate to PARI
All donors will be entitled to tax exemptions under Section-80G of the Income Tax Act. Please double check your email address before submitting.
PARI - People's Archive of Rural India
ruralindiaonline.org
https://ruralindiaonline.org/articles/reclaiming-the-past-the-present-and-the-prophet-bho

