माधुरी कृष्णास्वामी, जागृत आदिवासी दलित संगठन (जेएडीएस) के नेता, के हिसाब से मध्य प्रदेश में आदिवासी समुदाय के खिलाफ अपराध एतना जादे बढ़ गइल बा कि ओकरा पर एगो कार्यकर्ता के नजर रखल मुमकिन नइखे रह गइल. ऊ बतइली, “जरूरी बात ई बा कि सबले जादे डेरावे वाला मामला सत्तारूढ़ भारतीय जनता पार्टी के नेता लोग के राजनीतिक इलाका से आ रहल बा.”
इहे साल जुलाई में इहंवा के सीधी जिला से एगो बहुते हिला देवे वाला वीडियो सामने आइल. एह में नसा में चूर एगो आदमी, प्रवेश शुक्ला, एगो आदिवासी पर मूतत रहे. पता चलल, प्रवेश भाजपा के कार्यकर्ता हवन. सोशल मीडिया पर वीडियो वायरल भइल, त शुक्ला के गिरफ्तारी भइल.
अइसे, जदि वीडियो एतना रोष जगावे वाला ना रहित, त कानून भी एतना जल्दी कदम ना उठाइत. ऊ कहली, “आदिवासी परिवार अक्सरहा एक जगह से दोसरा जगह घूमत, विस्थापित होखत रहेला. एह चलते ऊ लोग असुरक्षित हो जाला. एकरा अलावे कानून के सामने दबंग आउर ताकतवर समुदाय ओह लोग पर हमला करत आउर जनावर जेका ब्यवहार करत रहेला, आउर कानून चुपचाप देखत रहेला.”
बतावल जात बा कि सुरेंद्र ओरी से नेमावर में भारती परिवार संगे जवन नरसंहार भइल, ओकरा पाछू उनकर बहिन रूपाली संगे उनकर संबंध रहे.
दूनो लोग बहुते समय से एक-दोसरा से मिलत रहे. बाकिर जब सुरेंद्र के कवनो दोसरा मेहरारू संगे सगाई तय भइल, त रूपाली हैरान रह गइली. भारती के अनुसार, “ऊ वादा कइले रहस कि जब रूपाली 18 के हो जइहन, त बियाह कर लिहन. बाकिर असलियत ई बा कि उनकर मन में चोर रहे. ऊ खाली देह के संबंध चाहत रहस. उनका के इस्तेमाल कइलन आउर फेरु दोसरा से बियाह के फइसला कर लेलन.”
रूपाली गोस्सा में सुरेंद्र के सोशल मीडिया पर सब कुछ बतावे के धमकी देली. एक दिन सांझ के सुरेंद्र उनकरा ई कहके खेत में बोलवलन कि ऊ बात सुलझावे के चाहत बाड़न. पवन भी रूपाली संगे गइल रहस. पर सुरेंद्र के यार लोग उनकरा तनी दूर पर रोक लेलक. रूपाली, सुरेंद्र से मिले गइली. सुरेंद्र लोहा के रॉड लेले खेत के एगो सुनसान कोना में बाट देखत रहस. रूपाली जइसहीं पहुंचली, उनकरा माथा पर रॉड दे मारलन. ऊ उहंई खत्म हो गइली.
एकरा बाद सुरेंद्र चालाकी से पवन के संदेश भेजलन कि रूपाली आपन जान देवे के कोसिस कइले बाड़ी आउर उनकरा के अस्पताल ले जाए के बा. ऊ पवन के कहलन कि ऊ रूपाली के माई आउर बहिन दुनो के बोला के लावस. असल में सुरेंद्र रूपाली के बोलवले रहस, ई बात परिवार के जवन-जवन सदस्य के पता रहे, ऊ सभे के बोला के रस्ता से हटा देवे के चाहत रहस. आउर प्लान के अनुसार ऊ सभे के बोलइलन आउर एक-एक करके खत्म कर देलन. आउर उहंई जमीन में दफना देलन. भारती सवाल करत बाड़ी, “का एह कारण से पूरा के पूरा परिवार के खत्म कइल जा सकेला?”