नारायण कुंडलिक हजारे ‘बजट’ शब्द के मतलब बुझेलन, काहेकि उनकर आपन बजट बहुते कम बा.
“आपला तेवधा बजेट्च नाही (हमार वइसन बजट नइखे)!” नारायण चाचा बस चार ठो शब्द में 12 लाख के आमदनी पर टैक्स में छूट के हवा निकाल देत बाड़न.
पैंसठ बरिस के किसान आउर फल बेचे वाला एह चाचा खातिर केंद्रीय बजट से जुड़ल बात के सायदे कवनो माने-मतलब होखी. ऊ पूरा बिस्वास से कहले, “हम एकरा बारे में कबो कुछ सुनलहीं नइखीं. एतना साल में एको बेरा ना.”
नारायण चाचा बजट के बारे में कइसे जनतन, उनका लगे अइसन कवनो साधने ना रहल. “हमरा लगे ना त मोबाइल बा, आ ना घर पर टीविए बा.” एगो दोस्त कुछ दिन पहिले उनका रेडियो गिफ्ट कइले रहस. बाकिर सार्वजनिक प्रसारण सेवा में अबले एकरा बारे में उनका कुछुओ सुने के ना मिलल. “हमरा जइसन लिख लोढ़ा, पढ़ पत्थर (अनपढ़) आदमी के ई सब से का लेना-देना?” ऊ पूछेलन. ‘किसान क्रेडिट कार्ड’ चाहे ‘जादे लोन के सुविधा’ जइसन बात नारायण हजारे खातिर अजूब बा.



