एगो आदमी नचनिया सभ के बीच, स्टेज पर चढ़ गइल, आउर 19 बरिस के मुस्कान के हाथ धर लेलक. कहलक, “अभिए गोली मार देंगे तो तुरंत नाचने लगोगी (अबहिए गोली मार देम, त तुरते नाचे लगबू).”
बिहार में पूर्वी चंपारण के एगो जिला में एक हजार से जादे लोग ऑर्केस्ट्रा में नाच देखे जुटल बा. स्टेज पर ऊ आदमी मुस्कान के धमकावत बा, आउर उहंवा नाच देखे जुटल दोसर मरदाना सभ ओकरा शाबासी देत बा. ओह कलाकार के कसूर एतने रहे, ऊ एगो अश्लील भोजपुरी गीत पर नाचे से मना कर देले रहे.
मुस्कान, रुनाली नाच आउर गाना के एगो शो, जेकरा स्थानीय रूप से ऑर्केस्ट्रा कहल जाला, में नाचे आइल बाड़ी. उनकरा अलावा एह ग्रुप में सात गो आउर नचनिया लोग बा. कार्यक्रम चिरैया ब्लॉक में दुर्गा पूजा के उपलक्ष में आयोजित कइल गइल रहे.
मुस्कान करीब तीन बरिस से एह तरहा के ऑर्केस्ट्रा कार्यक्रम में काम कर रहल बाड़ी. ऊ बतइली, “हमनी के आए दिन अइसन धमकी मिलत रहेला.”
बाकिर बात खाली धमकिए तक ना रुके, एकरा बाद नचनिया लोग संगे जोर-जबरदस्ती भी होखे लागेला. “कमर पर हाथ रखना या ब्लाउज में हाथ घुसाने की कोशिश करना यहां मर्दों की रोजमर्रा की हरकते हैं (कमर पकड़े, बिलाउज में हाथ घुसावे के कोसिस कइल, इहंवा लफ्फुआ सभ के रोज के काम बा.),” नाचे वाली राधा कहली.













