राम अवतार कुशवाहां जइसहीं अहरवानी में घुसले, कीच वाला रस्ता पार करे खातिर आपन मोटरसाइकिल धीरे कर देले. टोला के ऊबड़-खाबड़ इलाका में पहुंच के ऊ 150 सीसी बाइक के इंजन बंद कर देत बाड़न.
पांचो मिनिट ना भइल होई, छोट-छोट लरिका, स्कूल में पढ़े वाला बच्चा बड़-छोट बच्चा सभ उनका के चारो ओरी से घेर लेत बा. सहरिया आदिवासी लरिका सभ के झुंड बड़ा धीरज से इंतजारी ताके आउर आपस में बतियाए लागत बा. केहू के हाथ में सिक्का बा, त केहू 10 रुपइया के नोट लेले ठाड़ बा. ऊ लोग चाउमीन, मतलब तलल नूडल्स आउर तरकारी से बनल चटपटा नास्ता, कीने खातिर असरा में बा, अब मिली-तब मिली.
मोटरबाइक वाला के पता बा अबही बच्चा लोग भला मानस जेका ठाड़ बा, बाकिर जल्दिए हल्ला मचावे लागी. चाउमीन वाला भइया जल्दी जल्दी हाथ चलावत बाड़न. आपन सामान सभ खोले लागत बाड़न. आपन थैली में से पिलास्टिक के दु गो बोतल निकालत बाड़न. “एगो में लाल मरिचाई के चटनी (रेड सॉस) बा, त दोसरका में करियर चटनी (सोया सॉस) बा,” ऊ समझावे लगले. थैली के दोसर सभ सामान में पत्तागोभी, छिलल पियाज, हरियर शिमला मरिचाई आउर उबाल के रखल नूडल्स बा. “हम सभे सामान विजयपुर (शहर) से कीन के लाइला.”
सांझ के छव बजे के चाहत बा, राम अवतार के आज ई चउथा गांव के फेरा बा. ऊ नियम से जवन-जवन गांव आउर टोला जालन, उहंवा के नाम गिनावे लगले- लाडर, पंडरी, खजूरी कलां, सिलपारा, पारोंड. ई सभ सुतेपुरा में उनकर घर से 30 किमी के अंदर पड़ेला. सुतेपुरा एगो टोला हवे जे वियजपुर तहसील के गोपालपुर गांव में पड़ेला. इहंवा के टोला आउर गांव में संझा के नस्ता के नाम पर चाउमीन के अलावा पैकेट वाला चिप्स आउर बिस्कुटे मिलेला.
राम अवतार अहरवानी के हफ्ता में 2-3 बार फेरा लगावेलन. अहरवानी 500 लोग के आदिवासी बहुल नयका बस्ती बा. एह टोला में कुनो राष्ट्रीय उद्यान से विस्थापित भइल लोग रहेला. जानकारी खातिर बता दीहीं कि साल 1999 में कुनो राष्ट्रीय उद्यान के शेर के दोसर ठिकाना घर बनावे खातिर उहंवा बसल आदिवासी लोग के हटावल गइल रहे. पढ़ीं: चीता के बसावे खातिर, कूनो आदिवासी के विस्थापन
कोई शेर त ना आइल, बाकिर अफ्रीका से सितंबर, 2022 में चीता सभ के एह पार्क में जरूर ला के रखल गइल.






