तीन ठो अंगुरी, भीजल चउखट (चौकोर) कपड़ा आउर हल्का हाथ. “हमरा बहुते एहतियात बरते के पड़ेला.”
विजया, आंध्र प्रदेस के तटीय इलाका में डेगे-डेगे बने वाला मिठाई, पुतारेकुलु के बात करत बाड़ी. एकरा चाउर से बनावल पपड़ा (शीट/चादर) में सूखल मेवा आउर गुड़ लपेट के बनावल जाला. तीज-त्योहार में एकर खूब धूम रहेला. विजया त एकरा बनावे में मास्टर बाड़ी. ऊ रोज 200 रेकु बना लेवेली, जेकरा मोहल्ला के हलवाई लोग हाथों-हाथ लेवेला. ऊ पारी से बतइली, “पुतारेकुलु बनावे घरिया, हमरा बहुते ध्यान रखे के पड़ेला. ओह घरिया हम केहू से बातो ना कर सकीं.”
अत्रेयपुरम के रहे वाला जी. रामकृष्णन के कहनाम बा, “हमार घर में त कवनो पूजा-पाठ, तीज-त्योहार, चाहे कोई बिसेष आयोजन पुतारेकुलु बिना पूरा ना होखे.” रामकृष्णन अत्रेयपुरम में दोकान सभ में पैक सामान आउर डिब्बा पहुंचावेलन. ऊ तनी गर्व से बतावे लगले, “हमरा त ई बहुते भावेला. काहेकि रउआ एकरा देखला पर, पहिल बेर में पते ना चली एह में का ह. बाहिर से देखे में ई चाउर के एकदम पातर पपड़ा जइसन लउकी. फेरु जब रउआ एकर पहिलका काटा (बाइट) काटम त ई मुंह में जाते घुल जाई. हमरा त लागेला कि एकरा जइसन गरदा (बेजोड़) मिठाई दुनिया में कवनो दोसर नइखे.”
आंध्र प्रदेस के डॉ. बी.आर. आंबेडकर कोनसीमा जिला के चाउर के कमाल बा, जेकरा से एतना नरम-नरम मिठाई बन पावेला. मिठाई बनावे वाली कायला विजया कोटा सत्यवती बतइली, “ई चाउर तनी लसलस होखेला. एहि से एकरा से रेकु (शीट/चादर/पपड़ा) बनावे के अलावा आउर कवनो चीज ना बन सके.” विजया रामचंद्रपुरम ब्लॉक में अत्रेयापुरम के रहे वाला बाड़ी. अत्रेयापुरम के पुतारेकु के अबही पिछले साल जीआई टैग मिलल. विशाखापत्तनम के सर आर्थर कॉटन अत्रेयपुरम पुतारेकुला मैन्यूफैक्चर सोसाइटी के 14 जून, 2023 के जीआई से सम्मानित कइल गइल रहे.
पुतारेकु जीआई हासिल करे वाला एह राज्य के तेसर खाद्य पदार्थ बा. एकरा से पहिले इहंवा तिरूपति के लड्डू आउर बंदार के लड्डू के ई टैग मिल चुकल बा. आंध्र प्रदेस के अबले 21 गो अलग-अलग तरह के सामान के जीआई टैग हासिल बा. एह में हथकरघा, खाए के सामान, खेती आउर दोसर सामान गिनल जा सकेला. पछिला बरिस पुतारेकु संगे गोवा के बेबिंका मिठाई के भी एह सम्मान से नवाजल गइल बा. आउर एकरो पहिले के बात कइल जाव, त एह लिस्ट में मुरैना के गजक, मुजफ्फरपुर के गुड़ भी शामिल हो चुकल बा.




















