असम में नागरिकता के मुद्दा पर उठल बंवडर में बहुते लोग अबले फंसल बा. इहंवा के इतिहास आउर लोग के जिनगी जियान हो रहल बा. पारी ओहि लोग के कहानी वीडियो प्रोजक्ट के रूप में, उहे लोग के जुबानी लेके आइल बा
सुबश्री कृष्णन एगो फिल्मकार बाड़ी. आपन काम के जरिए नागरिकता से जुड़ल सवाल उठाएली. एह खातिर ऊ लोगन के याददाश्त, माइग्रेशन से जुड़ल कहानी आ सरकारी पहचान वाला कागज के सहायता लेवेली. लेती हैं. 'फेसिंग हिस्ट्री एंड ऑवरसेल्फ' उनकरे प्रोजक्ट बा. एह में असम राज्य के एहि तरहा के मुद्दा के पड़ताल कइल गइल बा. फिलहाल ऊहां के जामिया मिलिया इस्लामिया, नई दिल्ली के ए. जे. के. मास कम्युनिकेशन रिसर्च सेंटर में पीएचडी करत बानी.