कर्नाटक के तटीय इलाका में अलग-अलग सास्कृतिक मौका पर तुलुनाडु के गर्नाल साइबेर चाहे पटाखा कारीगर के बहुते पूछ होखेला. भूत कोला, तीज-त्योहार, बियाह, जन्मदिन के भोज, घरपूजा आउर इहंवा ले कि अंतिम संस्कार में पटाखा कारीगर के जरूर बोलावल जाला.
‘गर्नाल’ के मतलब पटाखा बा आउर ‘साइबेर’ मतलब ओह इलाका में रहे वाला मुस्लिम आदमी.
अमीर हुसैन मुल्की कस्बा से आवे वाला एगो गर्नाल साइबेर बानी. उनकर कहनाम बा कि ई कारीगरी ऊ आपन बाऊजी से सिखले. उनकर परिवार में ई पेशा एक पीढ़ी से दोसर पीढ़ी होखत आज इहंवा ले पहुंचल बा.
“पटाखा फोड़े आउर फेंके के काम बहुते जोखिम वाला होखेला. खास करके जदि बड़ पटाखा के बात कइल जाव,” नितेश अंचन कहले. नितेस कर्नाटक के मणिपाल एकेडमी ऑफ हायर एजुकेशन में रिसर्च एसोसिएट बानी.
मुस्ताक आतराड़ी उडुपी जिला के आतराड़ी गांव से आवे वाला एगो युवक बाड़न. मुस्ताक भूत पूजा आउर उत्सव में गर्नाल बनावे आउर फेंकेलन. ऊ खास करके कदोनी, सबले बरियार गर्नाल बनावे में माहिर बाड़न. ऊ बतइले, “कदोनी एगो फटे वाला पाउडर हवे जे बहुते तरह के केमिकल्स से बनके तइयार होखेला. एकरा तइयार करे के प्रक्रिया बहुते लंबा-चौड़ा बा.” कहल जाला कि कदोनी फटला से उहंवा के धरती कांप जाला.


