हमरा लगे कहे के बहुते कुछ बा, बाकिर हम ना कहम. हम 89 के बानी. हम जेतना पुरान बानी, हमरा लगे कहानियो ओतने बा. बाकिर हम कबो ना कहम. हम सभे के आपन ह्रदय में रखले बानी. केतना रिपोर्टर आउर पत्रकार लोग आवेला आउर हमर कहानी लिखेला. ऊ लोग किताब छापेला आउर दुनिया के बतावेला कि ओह लोग चलते दुनिया में हमार नाम भइल, हम मशहूर भइनी. केतना संगीतकार लोग आइल, हमार संगीत चोरावे के कोसिस कइलक. एहि से हम सभे से भेंट ना करीं. राउर भाग नीमन बा हमरा से भेंट भइल.
हमरा संगीत नाटक अकादमी सम्मान मिलल. पुरस्कार समारोह दिल्ली में रहे. जब हमरा ई सम्मान मिलल, हमार आंख भर आइल. बाऊजी हमरा कबो स्कूल ना भेजलन. ऊ सोचलन कि का पता पढ़े से हमरा नौकरी मिली कि ना मिली. बाकिर ऊ हमरा ई जरूर कहले रहस, ‘ई बाजा हमनी के देवता बा.’ आउर वास्तव में ऊ हमरा खातिर देवता साबित भइलन. हमार सभ मनोकामना पूरा कइलन. एकरे चलते हम इंसानियत सिखनी. दुनिया में लोग हमार नाम जान गइल. हमार तारपा त डाक लिफाफा (डाक टिकट) पर भी छपल बाड़न. रउआ आपन फोन में हमार नाम लिखम, त हमार वीडियो देखाई दीही... आउर का चाहीं? पहिले हम कुंआ के मेंढ़क रहीं, कुंआ के बाहर का बा, ना जानत रहीं. जब ओह कुइंया से बाहिर निकलनी, त दुनिया देखनी.
आज नयका पीढ़ी तारपा के धुन पर नाचे के ना चाहे. ओह लोग के डीजे चाहीं. ओह लोग के नाचे दीहीं. बाकिर हमरा एगो बात बताईं, जे आदमी खेत में आपन फसल काटी, गांवदेवी के नयका चाऊर के भोग लगाई, देवी के धुन बजाई, उनकरा से प्रार्थना करी, का ऊ डीजे बजाई? ओकरा त सिरिफ तारपा चाहीं, आउर कुछुओ ना चाहीं.
पारी एह दस्तावेजीकरण में मदद खातिर एआरओईएचएएन के माधुरी मुकाने के बहुत बहुत धन्यबाद करे के चाहत बा
बातचीत, ट्रांसक्रिप्शन आउर अंगरेजी अनुवाद: मेधा काले
फोटो वीडिया: सिद्धिता सोनावणे
कहानी पारी के एंडेजर्ड लैंग्वेज प्रोजेक्ट (लुप्तप्राय भाषा प्रोजेक्ट) के हिस्सा बा. देस भर के कमजोर आउर लुप्त हो रहल भाषा के दर्ज कइल एह प्रोजेक्ट के मकसद बा.
वारली एगो इंडो-आर्यन (भारतीय-आर्य) भाषा बा. गोवा, कर्नाटक, महाराष्ट्र, गुजरात, दमन आ दीव, दादरा आ नगर हवेली में रहे वाला वारली, चाहे वरली आदिवासी लोग लोग एकरा बोलेला. खतरा में बिस्व के भाषा के यूनेस्को एटलस में वारली भारत के संभावित रूप से कमजोर भाषा के सूची में शामिल बा.
हमनी के मकसद महाराष्ट्र में बोलल जाए वाला वारली भाषा के दस्तावेजीकरण बा.
अनुवादक: स्वर्ण कांता