“अच्छा होखित कि हमनी बरसात के पहिले ग्राम सभा भवन के मरम्मत करा लेतीं.” सरिता असुर कहली. उहंवा लुपुंगपाट गांव के लोग संगे एगो बैठक चल रहल बा.
गांव के बैठक बस अबहिए सुरु भइल रहे. तनी देर पहिले मुख्य रस्ता पर ढोल बजा के एह बारे में सभे के सूचना देहल गइल रहे. मरद-मेहरारू लोग आपन-आपन घर से निकल के ग्राम सभा सचिवालय में जुट गइल. दू कमरा के एह भवन के मरम्मती खातिर सरिता पइसा के बंदोबस्त करे के कोसिस करत बाड़ी.
झारखंड के गुमला जिला में बसल एह गांव के लोग एह बात पर तुरंते राजी हो गइल. आउर सरिता के प्रस्ताव एह तरह से मान लेहल गइल.
कबो राष्ट्रीय स्तर के हॉकी खिलाड़ी रह चुकल सरिता रिपोर्टर के बतइली, “हमनी के अब समझ में आ गइल बा कि आपन समस्या के हल हमनिए लोग निकाले के बा. आउर हमनी के ग्राम सभा से ही हमनी के गांव के विकास हो सकेला. हमनी सभ के आउर खास करके इहंवा के मेहरारू लोग के इहे सशक्त बनइले बा.”










