पछिला बरिस 2023 में कोई आधा जून बीतल होई, औरंगाबाद में अजीम शेख डिवीजनल कमिश्नर के कार्यालय के सोझे पांच दिन ले धरना पर बइठल रहस.
झुलसत गरमी के बावजूद 26 बरिस के अजीम पानी के अलावा मुंह में कुछो ना धइलन. भूख हड़ताल खत्म होत-होत ऊ एतना कमजोर हो गइलन, कि उनकरा चक्कर आवे लागल. इहंवा ले कि उनकरा सोझ होखे चले में भी दिक्कत होखे लागल.
ऊ का चाहत रहस? ऊ बस एतने चाहत रहस कि पुलिस उनकर शिकायत दरज कर लेवे. बाकिर औरंगाबाद से कोई 80 किमी दूर जालना जिला के उनकर गांव लगे के पुलिस स्टेशन उनकर शिकायत ना लिखलक.
मराठा समुदाय से ताल्लुक रखे वाला सोनावने परिवार के लोग 19 मई, 2023 के अजीम के घर में रात के 11 बजे घुस आइल. अजीम के परिवार संगे लाठी आउर पत्थर से मार-पीट कइल गइल. एह में उनकर भाई आउर माई-बाऊजी के चोट आइल. ऊ पारी के बतइलन, “हमार बूढ़ माई के एतना चोट लागल कि उनकरा अस्पताल ले जाए के पड़ल. ओह दिन ऊ लोग हमार घर से डेढ़ लाख से जादे के जेवर आउर नकदियो ले के गइल.”
नितिन सोनावने, जिनका पर ओह दिन हमला करे वाला भीड़ के हिस्सा होखे के आरोप बा, से रिपोर्टर संपर्क कइलन. बाकिर नितिन एह घटना पर कुछो बोले से मना कर देलन. ऊ कहलन, “हमरा ओह दिन के घटना के बारे में कुछो नइखे पता.”
अजीम आपन आठ एकड़ के खेत पर बनल घर में सपरिवार रहेलन. ई मध्य महाराष्ट्र के भोकरदन तालुका में उनकर गांव पलसखेड़ा मुर्तड बस्ती से मोटा-मोटी दू किमी दूर पड़ेला.
ऊ कहलन, “ओह रात बहुते सन्नाटा रहे. केहू ना लउकत रहे. हमनी मदद खातिर केहू के फोनो ना कर पइनी.”







