सबले जादे चरचा ‘विराट कोहली’ के नाम के बा. इहंवा डुंगरा छोटा में भारतीय क्रिकेट के एह सितारा के लोग बहुते पसंद करेला.
जाड़ा के एगो भोर बा. 10 बजे के बाद समय बा आउर दरजन भर लइका लोग खेले में मगन बा. चमकत हरियर मकई के खेत के बीच एगो मैदान बा, जे क्रिकेट के मैदान त ना लागे, बाकिर बंसवाड़ा जिला के एह गांव में रहे वाला क्रिकेट प्रेमी लोग एकर चप्पा-चप्पा से वाकिफ बा. उहंवा क्रीज से लेके बाउंड्री लाइन सभ मिल जाई.
हर कोई जानेला क्रिकेट प्रेमी से बतियावे के सुरु करे के बा, त उनका से उनकर मनपसंद खिलाड़ी के बारे में पूछल जाव. इहंवो, विराट कोहली से सुरुआत हो सकत रहे, बाकिर जल्दिए रोहित शर्मा, जसप्रीत बुमराह, सूर्यकुमार यादव, मोहम्मद सिराज... जइसन नाम सामने आवे लागल.
आखिर में 18 बरिस के शिवम लबाना कहलन, “हमरा स्मृति मंधाना पसंद बाड़ी.” बावां हाथ के सलामी बल्लेबाज आउर भारत के महिला टी20 के पूर्व कप्तान आजकल के देस के सबले लोकप्रिय क्रिकेटर में से बाड़ी.
बाकिर आज मैदान में चरचा में रहे वाली उहे एगो बावां हाथ के बल्लेबाज ना रहस, जल्दिए रउओ पता चल जाई.
महत्वाकांक्षी गेंदबाज आ बल्लेबाज लइका लोग के झुंड के बीच एगो अकेला लइकी देखाई देत बाड़ी. मात्र नौ बरिस के हिताक्षी राहुल हरकिसी. उज्जर जूता आउर बैटिंग पैड पहिनले उनकर दुब्बर देह पर जांघ आउर कोहनी के बचावे खातिर गार्ड बांधल बा.










