गणेश के सबले कीमती धन सन् 2022 में कीनल उनकर लाल ट्रेक्टर बा. महाराष्ट्र के परभणी जिला के खली गांव के कपास किसान, शिंदे आपन दू एकड़ के जमीन पर खेती करेलन. बाकि हाल के सालन में कपास के दाम तेजी से गिरला चलते, ऊ आमदनी के दोसर जरिया खोजे के मजबूर भइलन. एही से ऊ सरकारी बैंक से 8 लाख के करजा उठवले आउर ट्रैक्टर कीन के लइलन.
“हम आपन ट्रैक्टर चला के आपन घर से 10 किमी दूर, गंगाखेड़ शहर जाइला आउर उहंवा जंक्शन पर इंतिजारी करिला,” चउवालीस बरिस के किसान गणेश शिंदे कहेलन. “लगे कहूं बिल्डिंग, रोड, घर-दुआर बनावे के काम होखेला त लोग के एकरा खातिर बालू जइसन माल के जरूरत पड़ेला. ऊ लोग हमार ट्रेक्टर किराया पर उठावेला. एकरा से हमरा एक दिन के 500 से 800 रुपइया मिल जाला.” भोरे गंगाखेड़ निकले से पहिले, शिंदे कमो ना त दू घंटा आपन खेत के देख-रेख करेलन.
ऊ 2025 के केंद्रीय बजट पर बारीक नजर बनवले रहलन. शिंदे के कहनाम बा कि अइसन ऊ एह से ना कइलन कि उनका बजट से कवनो उम्मीद बा, बाकिर एह से कि ट्रैक्टर खातिर ग्राहक मिले के इंतिजारी ताकत उनकर समय कट जाव. ऊ बतवलन, “मनरेगा (महात्मा गांधी राष्ट्रीय ग्रामीण रोजगार गारंटी अधिनियम, 2005) के बजट जस के तस रहल.” खलीगांव के सरपंच रह चुकल शिंदे के कहनाम बा कि मनरेगा से धरातल पर कवनो खास बदलाव नइखे भइल. “एह योजना में पइसा त बा, बाकिर मजूर लोग के सही से काम ना मिलेला, बस कागज पर देखावे खातिर बा.”



