जोर-जुलुम के खिलाफ ट्रांस मेहरारू लोग के भोट

वाराणसी में ट्रांस मेहरारू के मान-सम्मान आउर हक के रक्षा करे में कानून आउर ब्यवस्था बेर-बेर नाकाम रहल. अबकी 2024 के आम चुनाव में ऊ लोग आपन हालात बदले खातिर भोट कइलक

26 जून, 2024 | जिज्ञासा मिश्रा

दिहाड़ी कामगारन के अनजान भविष्य

झारखंड में 4 जून 2024 के आम चुनावन के परिणाम घोषित भईला के बाद के सुबह बा. बाकिर डाल्टनगंज के लेबर मंडी में कामगारन के कहनाम बा कि नोकरियन के कमी पूरा होखे वाला नईखे

11 जून, 2024 | अश्विनी कुमार शुक्ला

रोहतक में कामगार लोगन के वोट बदलाव खातिर

एक सदी से भी पहिले हरियाणा के ई तहसील भारत के स्वतंत्रता संग्राम में एगो मील के पत्थर के गवाह रहे. आज ए क्षेत्र के कामगार लोग बतावता कि 2024 के आम चुनाव ओ लोगन खातिर का महत्व राखेला

9 जून, 2024 | आमिर मलिक

भारत-पाक के तनातनी में फंसल अटारी-वाघा बॉर्डर के कुली

देस के सभ मतदाता लोग अइसन सांसद चुने के चाहत बा, जे ओह लोग के बात दिल्ली तक पहुंचावे. भारत-पाकिस्तान के सबले जादे संवेदनशील सीमा वाघा बॉर्डर लगे रहे वाला बेराजगार कुली लोग 2024 के आम चुनाव में आपन भोट से अइसने प्रतिनिधि लोग के चुने के चाहत बा

7 जून, 2024 | संस्कृति तलवार

‘किसान आंदोलन जिनगी के पाठशाला बन गइल’

पंजाब के मानसा जिला के किशनगढ़ सेधा सिंह वाला गांव के उमिरगर मेहरारू लोग के जिनगी में 2020-2021 में भइल ऐतिहासिक किसान आंदोलन बहुते बड़ा बदलाव लावे वाला रहल. कृषि कानून के बिरोध ओह लोग के बहुते कुछ सिखा गइल, इहंवा ले कि 2024 के आम चुनाव में ओह लोग के विकल्प भी बढ़ल

5 जून, 2024 | अर्शदीप अर्शी
कहब त लग जाई धक् से!
, , , and • Kolkata, West Bengal

कहब त लग जाई धक् से!

पस्चिम बंगाल में लोकसभा चुनाव 2024 के सातवां चरण के मतदान पूरा हो गइल. पछिला पांच बरिस में इहंवा के कवि आउर रिपोर्टर लोग जे कुछ देखलक, ओकर हाल कह रहल बा

2 जून, 2024 | जोशुआ बोधिनेत्रा आउर स्मिता खटोर

वाराणसी में मनरेगा के गाड़ी पंक्चर भइल

नरेंद्र मोदी एह सीट से दू बेर चुनाव जीत चुकल बाड़ें. बाकिर महात्मा गांधी राष्ट्रीय ग्रामीण रोजगार गारंटी अधिनियम के तहत वित्त पोषित काम के कमी के वजह से मतदाता लोगन के मोहभंग हो रहल बा

1 जून, 2024 | आकांक्षा कुमार

‘नेता लोग भोट मांगे आवेला... फेरु बिला जाला’

झारखंड के दुमका में आदिवासी गांवन में नौकरी आउर सरकारी योजना के फायदा आम आदमी तक नइखे पहुंचत. आम चुनाव 2024 आपन अंतिम दौर में बा, बाकिर लोग के शिकायत के सीमा नइखे

1 जून, 2024 | अश्विनी कुमार शुक्ला

नांगल के महिला लोगन के पुकार, ड्रग मुक्त हो गांव परिवार

पंजाब के मोगा जिला में हेरोइन आ अन्य नशीला पदार्थ युवा आ वृद्ध आदमियन के अपनी कब्ज़ा में ले रहल बा. एकरी वजह से महिला लोगन के छोट मोट काम खोजे खातिर बाध्य होखे के पड़ता. आम चुनाव 2024 में ई एगो मुख्य मुद्दा बाटे

31 मई, 2024 | संस्कृति तलवार

‘पहिल बेर देस बनावे, आ अबकी बचावे खातिर भोट कइनी’

ख्वाजा मोईनुद्दीन 92 बरिस के बाड़न आउर देस के पहिल आम चुनाव (1951-52) इयाद करत बाड़न. ऊ अबकी आम सभा 2024 चुनावो में भोट कइलन. महाराष्ट्र के बीड जिला के रहे वाला बाबा आपन धरमनिरपेक्ष लोकतंत्र के पहिले, वर्तमान आउर आगू आवे वाला दिन पर चरचा करत बाड़न

30 मई, 2024 | पार्थ एम.एन.

‘सुतलो में गरदा सांस में जात रहेला’

पस्चिम बंगाल के उत्तर 24 परगना जिला के संदेसखाली आउर मिनाखान ब्लॉक के रहे वाला मजूर लोग राज्य के दोसर हिस्सा में रैमिंग मास यूनिट में काम करे जाला. कुछे बरिस में ऊ लोग सिलिकोसिस के रोगी हो जाला. ऊ लोग के कहनाम बा आमसभा चुनाव 2024 से ओह लोग के कवनो फरक नइखे पड़े वाला

29 मई, 2024 | रितायन मुखर्जी

'माई, हमनी भोट काहे करिले?'

लोकसभा चुनाव आपन अंतिम दौर में बा. अइसन माहौल में एगो कवि के कविता पढ़ी, समझीं कि आज चुनाव में सभ संभव बा, बाकिर आम आदमी के भलाई आउर हक के बात संभव नइखे

28 मई, 2024 | मौमिता आलम

कृष्णा भरित में जलगांव के महिला स्टार लोगन के जलवा

महाराष्ट्र के जलगांव में आम चुनाव 2024 के प्रचार के दौरान एगो स्थानीय व्यंजन आ ओके तैयार करे वाली 14 महिला कुक लोग चर्चा के केंद्र में बाड़ी

28 मई, 2024 | कविता अय्यर

‘कीलबंदी’ के जवाब भाजपा के खिलाफ नाकाबंदी से

दिल्ली में घुसे से रोके खातिर आंदोलनकारी किसान लोग के रस्ता में कइसे देवाल खड़ा कइल गइल, ओह लोग संगे जनावर जेका ब्यवहार भइल, तीन गरमी पहिले समूचा देस देखलक. आज पंजाब में चुनाव अभियान में उहे किसान लोग भाजपा से हिसाब-किताब चुकता कर रहल बा

26 मई, 2024 | बिस्व भारती

‘ओ लोगन (भाजपा) के अधिकार नईखे...’

पूरा पंजाब में लोगन के कहनाम बा कि किसानन आ मजदूरन के संघे भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) जईसन व्यव्हार कईले बा ओकरी बाद से ओके 2024 के आम चुनाव में वोट मांगे के कवनो अधिकार ना रह गईल बा. ए हफ्ता लुधियाना में भईल किसान-मजदूर महापंचायत में इहे सन्देश रहल ह

25 मई, 2024 | अर्शदीप अर्शी

भोटिंग ब्यवस्था में ब्रेल, केतना पास केतना फेल

देखे से लाचार लोग के भोट देवे खातिर ब्रेल लिपि वाला ईवीएम, मतदान पत्र जइसन खास सरकारी सुविधा मौजूद बा. एकरा बादो गांव-देहात में रहे वाला बबलू कैबर्टा जइसन लोग आम चुनाव 2024 में भोट डाले के मामला पर असमंजस में बा

24 मई, 2024 | सर्बजया भट्टाचार्या

पढ़ल-लिखल, बिना रोजगार आ बिना बियाह के युवा किसान

यवतमाल में, वास्तव में देखल जाओ त पूरा महाराष्ट्र में बियाह के संकट बा: आदमी लोगन के दुल्हिन नईखे मिलत आ युवा महिला लोगन के सरकारी कर्मचारियन के जगह गरीब किसानन के चुने के पड़ता. ई सीधे सीधे घटत आमदनी के नतीजा हवे. आम चुनाव 2024 से पहिले घटत आमदनी आ बियाह के धूमिल सम्भावना सबसे अधिक सोचे वाला विषय बा

22 मई, 2024 | जयदीप हार्दिकर

‘पहिले भात... तब भोट के बात’

पस्चिम बंगाल के मुर्शिदाबाद जिला में प्याज के खेतन में काम करे वाला माल पहाड़िया आदिवासी मेहरारू लोग लोकसभा चुनाव से पहिले बतावत बा, ओह लोग खातिर भोट ना, बलुक रोजी-रोटी पहिल जरूरत बा

May 21, 2024 | स्मिता खटोर

स्वतंत्रता सेनानी भबानी महतो 2024 में मतदान कईली

बहादुर आ सहज सरल भबानी महतो भारत के ऐतिहासिक स्वतंत्रता आन्दोलन में दशकन ले अपनी परिवार आ अन्य क्रन्तिकारियन खातिर अनाज उगवले, पकवले आ खियवले बाड़ी. अब उनके उमिर करीब 106 बरिस बा बाकिर उनकर लड़ाई जारी बा. इहां के आम चुनाव 2024 में अपनी मतदान के अधिकार के उपयोग कर रहल बाड़ी

20 मई, 2024 | पार्थ सारथी महतो

मुंबई: झुग्गी बस्ती के भोट अबकी लोकतंत्र के नाम

मुंबई उत्तर लोकसभा निर्वाचन क्षेत्र के दामू नगर के रहे वाला लोग खातिर 2014 के आम चुनाव हाशिया पर रहे वाला समुदाय के अधिकार बचावे वाला चुनाव बा, एकरा खातिर भोट करे वाला चुनाव बा

19 मई, 2024 | ज्योति शिनोली

‘कबले एह तरह से लोग के डेरावल-धमकावल जात रही’

लोकसभा चुनाव 2024 खातिर क्वियर समुदाय के लोग जब प्रचार खातिर निकलल, त सत्ताधारी दल के कार्यकर्ता लोग उनका आउर घटना के रिपोर्ट करे वाला पत्रकार के संगे धक्का-मुक्की कइलक, धमकइलक

16 मई, 2024 | श्वेता दागा

‘जिनगी में एक बेरा भोट डाले के चाहत बानी’

असम में एगो विचित्र दरजा के भोटर लोग बा, डाउटफुल-भोटर (डी-वोटर). उहंवा केतना बंगाली बोले वाला हिंदू आ मुसलमान लोग के भोट देवे पर रोक बा. समूचा जिनगी असम में काटे वाली मरजीना खातून एहू बेरा आम चुनाव 2024 में आपन भोट ना डाल सकली

15 मई, 2024 | महीबुल हक

एक सौ आठ फीट लमहर अगरबत्ती

राम लला आउर उनकर मंदिर पर भइल हो-हल्ला के बहुते दिन बीतला के बाद एगो कवि महोदय एह सभ पर तनी चुटकी लेत, तंज कसत बाड़न. उनकर कविता रउआ लोग के देस के बदलत हवा पानी पर सोचे के मजबूर कर दीही

12 मई , 2024 | जोशुआ बोधिनेत्रा

गांव जहंवा कवनो नेता गोड़ ना धरेला

सतपुड़ा के पत्थरीला ढलान पर बसल बा आंबापानी. एगो अइसन गांव जे अबले ना त सड़क के मुंह देखले बा, ना बिजली, आउर न कवनो नीमन दवाखाना के. इहंवा के लोग आम चुनाव 2024 खातिर भोट त दीही बाकिर ऊ लोग अबले लोकतंत्र के फायदा से दूर बा

11 मई, 2024 | कविता अय्यर

‘हमनी के गांव खातिर रउआ कइले का बानी?’

झारखण्ड के पलामू जिला के चेचरिया गांव के दलित बहुल निवासियन के मनरेगा, मुफ्त एलपीजी सिलिंडर, सड़क आ हैण्डपम्प जईसन सरकारी योजना दरकिनार कर देले बाड़ी सन. अपनी दुर्दसा से खिसियाइल आ तंग आ चुकल एक लोगन के कहनाम बा कि आम चुनाव 2024 हिसाब लगावे के समय हवे

10 मई, 2024 | अश्विनी कुमार शुक्ला

‘कांग्रेस हैरान भइल, भाजपा परेसान भइल’

महाराष्ट्र के गढ़चिरौली जिला के वन क्षेत्र में लौह अयस्क के खदान से आदिवासी लोग के घर आउर संस्कृति नष्ट हो रहल बा. बर्षन से, इहंवा राज्य सुरक्षा बल आ सीपीआई (माओवादी) के बीच संघर्ष चलत आ रहल बा. अबकी बरिस आदिवासी इलाका के कोई 1450 ग्राम सभा साल 2024 के आम चुनाव में कांग्रेस के सशर्त समर्थन देले बा, आईं जानल जाव काहे...

8 मई, 2024 | जयदीप हार्दिकर

रायपुर: वोट देवे से कहीं रह न जाव प्रवासी मजूर

मध्य प्रदेस से आइल छत्तीसगढ़ के प्रवासी मजूर लोग के नइखे पता कि ओह लोग के गांव में भोटिंग कब बा. लोकसभा चुनाव, 2024 के चुनाव चल रहल बा. बाकिर लागत नइखे कि अबकी ऊ लोग आपन भोट डाले जाई

7 मई, 2024 | पुरुषोत्तम ठाकुर

बिभाजनकारी ताकत के खिलाफ ठाड़ एगो गांव

हिंदूवादी गुट दरगाह सभ पर हमला करत आइल बा जंहवा सदियन से कइएक धरम के लोग इबादत करत रहल. एह ध्रुवीकरण के खिलाफ सतारा जिला के मालगांव उठ खड़ा भइल आउर देखा देलक कि आजो एक-दोसरा संगे सद्भाव से रहल मुमकिन बा

28 अप्रिल, 2024 | पार्थ एम.एन.

एगो उपेक्षित गांव कईले बा चुनाव के बहिष्कार

महाराष्ट्र के अमरावती जिला के खड़ीमाल गांव में कब्बो पानी या बिजली ना पहुंचल रहे. गांव वालन के कहनाम बा कि नेता लोग हर पांच साल पर खोखला वादा करेला आ फिर गायब हो जायेला. इहे वजह बा कि उ लोग सामूहिक रूप से 2024 के आम चुनावन में मतदान से दूर रहे के फैसला कईले बा

26 अप्रिल, 2024 | स्वरा गर्ग आउर प्रखर डोभाल

‘महंगाई पहिले समस्या रहे, अब हाथी बा’

ए गरमी में महाराष्ट्र के एगो आदिवासी गांव, पलसगांव के रहे वाला लोग एगो अनदेखा खतरा के वजह से जंगल पर टिकल आपन रोजी रोटी जुटावल छोड़ के घर के भीतर लुकाईल बा. अपनी जिनगी खातिर घबराईल ग्रामीण लोगन में आम चुनाव 2024 के लेकर एकदम उत्साह नईखे

25 अप्रिल, 2024 | जयदीप हार्दिकर

भंडारा में दुर्भाग्यपूर्ण घटनन के विचित्र श्रृंखला

महाराष्ट्र के ए जिला के युवा पलायन करे खातिर मजबूर बाड़ें काहें कि उनकरी गांवन में उनकी खातिर कवनो काम नईखे. आम चुनाव 2024 ओ लोगन के दिमाग में दूर दूर ले नईखे

23 अप्रिल, 2024 | जयदीप हार्दिकर

गोंदिया के गरीबन के सहारा: महुआ, मनरेगा आ प्रवास पर गुजारा

भारत के सबसे गरीब घरन के भरोसा अब्बो महात्मा गांधी राष्ट्रीय ग्रामीण रोजगार गारंटी (मनरेगा) कार्यक्रम के संघे महुआ आ तेंदू जइसन छोट वन्य उपज पर निर्भर बा. 19 अप्रैल के आम चुनाव 2024 में मतदान खातिर तैयार अरातोंडी गांव के आदिवासी ग्रामीणन के कहनाम बा कि पिछला 10 बरिस में ओ लोगन के जीवन और कठिन हो गईल बा

18 अप्रिल, 2024 | जयदीप हार्दिकर

‘किसान के गुदाने वाला के बा?’

लगातार सूखा से तबाह झारखंड में पलामू के छोट आउर मामूली किसान लोग करजा में डूब गइल बा. अबकी के चुनाव में ऊ लोग खातिर सिंचाई सबले बड़ चुनावी मुद्दा बन गइल बा

17 अप्रिल, 2024 | अश्विनी कुमार शुक्ला

भंडारा के युवा लोग: पहिले नोकरी फिर चुनाव

भंडारा-गोंदिया संसदीय निर्वाचन क्षेत्र में भारत के आम चुनाव 2024 के पहिला चरण में 19 अप्रैल के मतदान होखी. शिवाजी स्टेडियम में बेरोजगारी आ तनाव के माहौल बा काहें कि ग्रामीण युवा लोगन के भीड़ राज्य सरकार के नोकरी खातिर प्रशिक्षण कईला में व्यस्त बा. नोकरी एइजा पहिला प्राथमिकता बा, चुनाव के स्थान दूसरा बा. आज के कहानी से हमनी के शृंखला – रुरल बैलेट 2024 के शुरुआत होता

12 अप्रिल, 2024 | जयदीप हार्दिकर

धार्मिक नफरत के आंधी में उजड़ल एगो गांव

महाराष्ट्र में बहुसंख्यक हिंदूत्ववादी गुट सांप्रदायिकता फइला रहल बा. फोटशॉप कइल स्क्रीनशॉट, कांटल-छांटल वीडियो आउर अफवाह के बखेड़ा खड़ा करके लोग के उकसावल जा रहल बा, एह सभ के बीच मुसलमान भाई लोग जान-माल गंवा रहल बा, उनकर जिनगी हलकान हो गइल बा

27 अप्रिल, 2024 | पार्थ एम.एन.
Translator : PARI Translations, Bhojpuri