नरेन हजारिका खेत में लहलहात धान के हरियर-हरियर बाली के बीच ठाड़ होके गीत गावत बाड़न. कुछे दिन में बाली सभ सुनहरा रंग के हो जाई. सत्तर बरिस के नरेन संगे ढोल पर 82 बरिस के जीतेन हजारिका आउर ताल पर 60 बरिस के रॉबिन हजारिका संगत देत बाड़न. तीनों लोग तीताबर उपखंड के बालिजान गांव के सीमांत किसान लोग हवे. ऊ लोग जवानी में जानल मानल बिहुवा (बिहू) कलाकार रहे.

“राउर बात खत्म हो जाई, बाकिर रंगाली (बसंत उत्सव) बीहू के कहानी खत्म ना होई!”

एगो रंगाली बिहू गीत सुनीं: दिखौर कपि लगा दलं

फसल के मौसम (नवंबर-दिसंबर) जइसे-जइसे लगे आवला आउर धान के बाली सोना जइसन पियर होखत जाला, गांव के भंडार एक बार फेरु से बरा, जहा आउर आइजुं (स्थानीय चाऊर के किसिम) से भर जाला. फसल के देख के सुतिया  समुदाय जे हर्ष आउर उल्लास महसूस करेला, ऊ बिहू नाम (गीत) में झलकेला. बिहू असम के जोरहाट जिला में पीढ़ियन से चलत आ रहल बा. सुतिया एगो देसी जनजाति बा. ऊ लोग खासतौर से खेती पर निर्भर करेला, आउर जादे करके असम के ऊपरी इलाका में पावल जाला.

असमिया शब्द ‘थोक’ मतलब कवनो चीज के प्रचुर मात्रा होखेला. थोक के इस्तेमाल प्रचुर मात्रा में उगे वाला सुपारी, नरियर आउर केला के गाछ खातिर कइल जाला. उपस्थित गीत में ‘मरमर थोक’ आउर ‘मरम’ के मतलब बा- प्रेम के स्रोत. खेती-किसानी करे वाला समुदाय खातिर प्रेम के ई प्रचुरता मूल्यवान बा. आउर संगीत बजावे वाला के आवाज खेत से उठ के आसमान में गूंज रहल बा.

“जदि हमार आवाज लड़खड़ाए लागे, त क्षमा कर दीह”

ऊ लोग के इहे कामना बा कि जवान पीढ़ी के लोग संगीत के एह परंपरा के आगू बढ़ावे आउर जिंदा रखे.

“ऐ सोणमइना,
सूरुज भगवान दुनिया के आपन यात्रा पर निकले खातिर तइयार बाड़न...”

ऐ सोणमइना! (युवती) गीत सुन

धान के फसल पर बिहू गीत सुन यौवनदै

अनुवादक: स्वर्ण कांता

Himanshu Chutia Saikia

ಹಿಮಾಂಶು ಚುಟಿಯಾ ಸೈಕಿಯಾ ಸ್ವತಂತ್ರ ಡಾಕ್ಯುಮೆಂಟರಿ ಚಲನಚಿತ್ರ ನಿರ್ಮಾಪಕ, ಸಂಗೀತ ನಿರ್ಮಾಪಕ, ಛಾಯಾಗ್ರಾಹಕ ಮತ್ತು ಅಸ್ಸಾಂನ ಜೋರ್ಹಾಟ್ ಮೂಲದ ವಿದ್ಯಾರ್ಥಿ ಕಾರ್ಯಕರ್ತ. ಇವರು 2021ರ ʼಪರಿʼ ಫೆಲೋ.

Other stories by Himanshu Chutia Saikia
Editor : PARI Desk

ಪರಿ ಡೆಸ್ಕ್ ನಮ್ಮ ಸಂಪಾದಕೀಯ ಕೆಲಸಗಳ ಕೇಂದ್ರಸ್ಥಾನ. ಈ ತಂಡವು ದೇಶಾದ್ಯಂತ ಹರಡಿಕೊಂಡಿರುವ ನಮ್ಮ ವರದಿಗಾರರು, ಸಂಶೋಧಕರು, ಛಾಯಾಗ್ರಾಹಕರು, ಚಲನಚಿತ್ರ ನಿರ್ಮಾಪಕರು ಮತ್ತು ಭಾಷಾಂತರಕಾರರೊಂದಿಗೆ ಕೆಲಸ ಮಾಡುತ್ತದೆ. ಪರಿ ಪ್ರಕಟಿಸುವ ಪಠ್ಯ, ವಿಡಿಯೋ, ಆಡಿಯೋ ಮತ್ತು ಸಂಶೋಧನಾ ವರದಿಗಳ ತಯಾರಿಕೆ ಮತ್ತು ಪ್ರಕಟಣೆಯಗೆ ಡೆಸ್ಕ್ ಸಹಾಯ ಮಾಡುತ್ತದೆ ಮತ್ತು ಅವುಗಳನ್ನು ನಿರ್ವಹಿಸುತ್ತದೆ.

Other stories by PARI Desk
Translator : Swarn Kanta

Swarn Kanta is a journalist, editor, tech blogger, content writer, translator, linguist and activist.

Other stories by Swarn Kanta