कोल्हापुर पुरोगामी (तरक्की पसंद) शहर के पहिचान रखेला. इहंवा रउआ शाहू, फुले आउर आंबेडकर जइसन ऊंच विचार के लोग के विरासत देखे के मिली. एह शहर के अलग-अलग धरम आउर जात के लोग आजो प्रगतिशील विचार के अइसन बिरासत, संगही अलग-अलग संस्कृति के बीच आदर आउर भायवद्दी (भाईचारा) जोगा के रखले बा.

दुख के बात बा कि हाल के दिनन में एह भायवद्दी आउर समरसता के भंग करे आउर कलह पैदा करे के संगठित प्रयास लगातार हो रहल बा. बिचार के लड़ाई बिचारे से जीते के चाहीं. शरफुद्दीन देसाई आउर सुनील माली जइसन लोग समाज में मानवता आउर भायवद्दी बना के रखे के पूरा प्रयास करता.

शरफुद्दीन देसाई आ सुनील माली महाराष्ट्र के कोल्हापुर जिला के तरदल गांव के रहे वाला लोग बा. शरफुद्दीन देसाई हिंदू गुरु आउर सुनील माली मुस्लिम गुरु के मानेलन.

फिलिम देखीं: भाईचारा

अनुवाद: स्वर्ण कांता

Jaysing Chavan

जयसिंह चव्हाण, कोल्हापुर के स्वतंत्र फ़ोटोग्राफ़र और फ़िल्ममेकर हैं.

की अन्य स्टोरी Jaysing Chavan
Text Editor : PARI Desk

पारी डेस्क हमारे संपादकीय कामकाज की धुरी है. यह टीम देश भर में सक्रिय पत्रकारों, शोधकर्ताओं, फ़ोटोग्राफ़रों, फ़िल्म निर्माताओं और अनुवादकों के साथ काम करती है. पारी पर प्रकाशित किए जाने वाले लेख, वीडियो, ऑडियो और शोध रपटों के उत्पादन और प्रकाशन का काम पारी डेस्क ही संभालता है.

की अन्य स्टोरी PARI Desk
Translator : Swarn Kanta

Swarn Kanta is a journalist, editor, tech blogger, content writer, translator, linguist and activist.

की अन्य स्टोरी Swarn Kanta