उनकरी घर के रस्ता में हमनी के एगो जंक्शन पर पहुंचेनी जा. “किसान आ मजदूर लोग एक संघे दोराहा पर खड़ा बाड़ें,” उ कहेलन, “आ साम दाम दंड भेद से हर दिशा से पीटल जा रहल बाड़ें.” कृष्ण शासन के चार प्रमुख स्तम्भन के विषय में बतावत बाड़ें – धैर्य से, उपहार या धन के उपयोग कर के अनुनय विनय से, दण्ड आ बल से जेकरी विषय में तीसरी शताब्दी ईसा पूर्व के भारतीय शिक्षक, रणनीतिकार आ राजकीय सलाहकार कौटिल्य अपनी पुस्तक अर्थशास्त्र में बतवले बाड़ें.
बाकिर कृष्ण आधुनिक समय के चाणक्य के बारे में बात करत बाड़ें!
“सत्तारूढ़ दल (भाजपा) दिल्ली सीमा पर 700 से अधिक किसानन के मौत के जिम्मेदारी ना लिहलस,” उ 2020 में किसानन के ऐतिहासिक विरोध प्रदर्शन के विषय में कहेलन आ एक साल से अधिक समय के बाद वापस लिहल गईल कृषि कानूनन खातिर भाजपा के निंदा करेलन.
“याद बा कईसे टेनी (भाजपा नेता के बेटा) लखीमपुर खीरी में किसानन के कचर दिहले रहे? ये मारने में कंजूसी नहीं करते. (जान लेवे में ई लोग के सोचे के ना पड़ेला).” उत्तर प्रदेश में 2021 के ई घटना उनकरी दिमाग में अटक गईल बा.
सच्चाई ई बा कि भाजपा अपना ही सांसद आ भारतीय कुश्ती महासंघ (डब्ल्यूएफआई) के अध्यक्ष यौन उत्पीड़न के आरोपी बृज भूषण सिंह के खिलाफ कवनो कार्रवाई ना कईलस जवन उनकरी जईसन लोगन के ठीक ना लागल ह. “साक्षी मालिक आ कई गो जाना माना पहलवान लोग पिछला साल नई दिल्ली में महीनन ले विरोध प्रदर्शन कईल. उ लोग एगो नाबालिग सहित कई महिला लोगन के कथित रूप से यौन उत्पीड़न के बदला में उनकरी गिरफ्तारी के मांग करत रहे लोग,” उ कहेलन.
भाजपा 2014 में महिला लोगन के खिलाफ हिंसा के कम करे के वादा कईले रहे. “उ कुल वादा का भईल?” कृष्ण पूछेलन. “उ लोग स्विट्जरलैंड से काला धन वापस ले आवे के आ हमनी के खाता में 15 लाख रुपिया डाले के वादा कईले रहलें. आखिर में हमनी के मिलल भूख आ राशन.”