एजाज, इमरान, यासिर आउर शमीमा दसो बरिस से कम के होई. ओह लोग के स्कूल जात अबही कुछे बरिस भइल बा. काम खातिर माई-बाऊजी के प्रवास चलते ओह लोग के पढ़ाई हर साल चार महीना ले छूट जात रहे. परिणाम ई होखत रहे कि बच्चा लोग के प्राथमिक शिक्षा से वंचित रहे के पड़त रहे. गणित, विज्ञान चाहे सामाजिक विज्ञान के बुनियादी ज्ञान होखे, एकरा संगे संगे ऊ लोग बातचीत खातिर जरूरी शब्द ज्ञान से दूर रह जात रहे, लिखाई तक में पिछड़ जात रहे.
जबले ई लरिका लोग दस बरिस के होखी, कक्षा के पूरा एक साल निकल जाई. कक्षा में सबसे आगू बइठे वाला विद्यार्थी खातिर भी ई बहुते नुकसानदेह रहे, जेकर भरपाई कइल कठिन रहे.
बाकिर अब ऊ दिन लद गइल. आज घूम-घूम के पढ़ावे वाला अली मोहम्मद ओह लोग संगे बाड़न. माई-बाऊजी संगे स्कूल के लरिका लोग जहंवा भी जाला, मास्टर साहब उहंवा पहुंच जालन. पच्चीस बरिस के अली अबकी तेसर बेर पहाड़ पर आइल बाड़े. ई इलाका कश्मीर के लिदर घाटी में गुज्जर लोग के बस्ती खालन में पड़ेला. गरमी में चार महीना (जून से सितंबर) ले ऊ इहंई रह के लरिका सभ के पढ़ावेलन. गुज्जर परिवार गरमी में आपन मवेशी आउर लरिका लोग संगे चरागाह के खोज में इहंवा आइल बा.
शमीमा जान तनी लजात कहली, “हम टीचर बने के चाहत बानी.” आउर फेरु सोझे खुलल, सरकार के मुहैया करावल वर्कबुक में रम जात बाड़ी. अली के कबो-कबो बच्चा लोग खातिर जरूरी कॉपी-किताब, चाहे पेंसिल-कलम जइसन सामान अपना पइसा से लावे के पड़ेला.












